स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ वेस्टइंडीज के बीच वनडे सीरीज के दूसरा मुकाबला आज खेलल जाई। ई मैच गुवाहाटी में होई। पहिला वनडे में सानदार प्रदर्शन करत टीम इंडिया जीत हासिल कइले रहे आ अब सीरीज में भारत 1-0 से आगे बिया।
शुभमन गिल के कप्तानी में भारतीय टीम के हौसला बढ़ल बा। खुद गिल के बल्ला बढ़िया चल रहल बा, जबकि विराट कोहली सानदार फॉर्म में नजर आ रहल बाड़ें। हालांकि, रोहित शर्मा के प्रदर्शन पs नजर रही, काहे कि पहिला मैच में ऊ खास रन ना बना पवले रहलें।
आज के मुकाबला टीवी, मोबाइल आ स्मार्ट टीवी पs कइयन तरे से देखल जा सकेला। आईं जानल जावs कि भारत-वेस्टइंडीज दूसरा वनडे के लाइव कहां आ कइसे देखल जा सकेला।
स्टार स्पोर्ट्स आ जियो हॉटस्टार पs देखीं लाइव
भारत आ वेस्टइंडीज के बीच जारी सीरीज के मीडिया राइट्स स्टार स्पोर्ट्स नेटवर्क के पास बा। अइसन में वनडे आ टी20 इंटरनेशनल मैच स्टार स्पोर्ट्स के चैनल पs लाइव देखल जा सकेला।
जदि रउआ टीवी पs मैच देखे चाहत बानी तs स्टार स्पोर्ट्स के चैनल पs मैच के लाइव प्रसारण देख सकत बानी। मोबाइल पs मुकाबला देखे खातिर जियो हॉटस्टार के इस्तेमाल कइल जा सकेला। भारत-वेस्टइंडीज के दूसरा वनडे मुकाबला दोपहरिया 2 बजे से सुरू होई।
डीडी स्पोर्ट्स पs फ्री में देख सकत बानी मैच
भारत आ वेस्टइंडीज के दूसरा वनडे डीडी स्पोर्ट्स पs फ्री में देखल जा सकेला। हालांकि एकरा खातिर रउआ लगे डीडी फ्री डिश के कनेक्शन होखल जरूरी बा। जदि रउआ लगे कवनो दोसरा कंपनी के डिश कनेक्शन बा तs ओह पs डीडी स्पोर्ट्स के माध्यम से मैच ना देख सकेम। अइसन इस्थिति में स्टार स्पोर्ट्स के चैनल पर मुकाबला देखल जा सकेला।
दूरदर्शन स्पोर्ट्स के सोशल मीडिया हैंडल के ओर से मैच के प्रसारण के बारे में जानकारी साझा कइल गइल बा।
वेस्टइंडीज के लागल झटका, जस्टिन ग्रीव्स बाहर
पहिला वनडे के बाद वेस्टइंडीज टीम के झटका लागल बा। टीम के सलामी बल्लेबाज जस्टिन ग्रीव्स चोट के चलते दूसरा वनडे से बाहर हो गइल बाड़े। पहिला मुकाबला में ग्रीव्स सानदार शतक लगवले रहलें। बतावल जा रहल बा कि ग्रीव्स के पिंडली में दिक्कत बा। उनकर गैरमौजूदगी में ज्वेल एंड्रयू के ओपनिंग करे के मवका मिल सकेला। ओहिजा, शेरफेन रदरफोर्ड मिडिल ऑर्डर में बल्लेबाजी करत नजर आ सकत बाड़ें।
भारतीय टीम के प्लेइंग इलेवन में फिलहाल कवनो बड़ बदलाव के संभावना नइखे। शुभमन गिल पहिला मैच में उतरल टीम के संगही मैदान पs उतरे के चहिहें।
वेस्टइंडीज क्रिकेट टीम के पूरा स्क्वॉड
जॉन कैंपबेल, ज्वेल एंड्रयू, कीसी कार्टी, शे होप (विकेटकीपर), आमिर जांगू, शेरफेन रदरफोर्ड, रोस्टन चेस, मैथ्यू फोर्ड, गुडाकेश मोटी, अल्जारी जोसेफ, जेडन सील्स, कीमो पॉल, शमर जोसेफ, विटेल लॉज।
भारतीय क्रिकेट टीम के पूरा स्क्वॉड
शुभमन गिल (कप्तान), रोहित शर्मा, विराट कोहली, रुतुराज गायकवाड़, यशस्वी जायसवाल, केएल राहुल (विकेटकीपर), नमन धीर, रवींद्र जडेजा, नीतीश कुमार रेड्डी, गुरनूर बराड़, कुलदीप यादव, प्रसिद्ध कृष्णा, मोहम्मद सिराज, औकिब नबी, ध्रुव जुरेल
Read Also: Asian Games 2026 : चिकिता-साहिल के आर्चरी में गोल्ड, ओलंपिक कोटा भइल हासिल







No comments yet. Be the first to comment!