स्पोर्ट्स डेस्क। एशियन गेम्स 2026 में भारत के आर्चरी में सानदार प्रदर्शन जारी बा। 30 सितंबर के कंपाउंड मिक्स्ड टीम इवेंट के फाइनल में साहिल जाधव आ चिकिता तनिपार्थी के जोड़ी साउथ कोरिया के जोड़ी के शूट ऑफ में हराके गोल्ड मेडल अपना नावे कs लेलस।
एह गोल्ड मेडल के जीतला के संगही चिकिता-साहिल के जोड़ी 2028 में होखे वाला लॉस एंजिल्स ओलंपिक गेम्स खातिर कोटा हासिल कs लेलस। एशियन गेम्स 2026 में आर्चरी में भारत के ई दूसरा गोल्ड मेडल हs। एकरा से पहिले दिन के सुरुआत में चिकिता, प्रिथिका आ ज्योति के तिकड़ी महिला कंपाउंड टीम इवेंट में गोल्ड मेडल जीतले रहे। एह जीत के बाद एशियन गेम्स 2026 में भारत के कुल पदक के संख्या 54 हो गइल बा, जवना में 8 गो गोल्ड मेडल सामिल बा।
पहिला तीन राउंड में भारतीय जोड़ी के बढ़त बरकरार
कंपाउंड मिक्स्ड टीम इवेंट के फाइनल में चिकिता-साहिल के जोड़ी के सुरुआत सानदार रहल। पहिला गेम खतम भइला पs भारतीय जोड़ी 40-39 के बढ़त बना लेले रहे। दूसरका गेम में साहिल आ चिकिता आपन बढ़त के आउर मजबूत कइल लो। एह राउंड के अंत में भारत 80-78 से आगे रहल। तीसरका गेम में भारतीय जोड़ी बढ़त कायम रखलस आ राउंड खतम होखे तक स्कोर 118-117 रहे।
हालांकि चउथा राउंड भारत खातिर उम्मीद के मोताबिक ना रहल। साउथ कोरिया के जोड़ी 40 अंक हासिल कइलस, जबकि भारतीय जोड़ी 39 अंक बना पवलस। एहसे मुकाबला 157-157 के बराबरी पs पहुंच गइल आ फैसला शूट ऑफ से करे के पड़ल।
शूट ऑफ में जीत के संगे भारत के गोल्ड
शूट ऑफ में चिकिता सुरुआत करत 10 अंक हासिल कइली। साउथ कोरिया के खिलाड़ी पार्क 10 अंक बनवलीं, बाकिर उनकर तीर चिकिता के तीर के मुकाबले सेंटर के आउर नजदीक लागल।
एकरा बाद साहिल 10 अंक बनवलें, बाकिर उनकर तीर पार्क के तीर से सेंटर से थोड़ा दूर रहल। भारत के गोल्ड जीते खातिर साउथ कोरिया के खिलाड़ी चोई के 9 अंक से जादे स्कोर ना करे के जरूरत रहे। चोई 9 अंक हासिल कs पवलें। एह तरे चिकिता-साहिल के जोड़ी शूट ऑफ में जीत हासिल कs के गोल्ड मेडल भारत के नावे कs देलस। एह जीत के संगही भारत के जोड़ी LA28 ओलंपिक गेम्स खातिर आर्चरी के कंपाउंड मिक्स्ड टीम इवेंट में कोटा हासिल कs लेलस।







No comments yet. Be the first to comment!