स्पोर्ट्स डेस्क। एशियन गेम्स 2026 के दूसरका क्वार्टर फाइनल मुकाबला भारत आ अफगानिस्तान के बीच निशिन के कोरोगी स्पोर्ट्स पार्क में खेलल जाये वाला रहे। बाकिर भारी बरखा के चलते मैच में एको गेना ना फेंकल जा सकल आ मुकाबला रद्द कs दिहल गइल। मैच रद्द होखते टीम इंडिया सेमीफाइनल में पहुंच गइल।
एकरा से पहिले एह मैदान पs पाकिस्तान आ हांगकांग के बीच होखे वाला मुकाबला बरखा के चलते रद्द हो गइल रहे। ओहू मुकाबला में बेहतर रैंकिंग के आधार पs पाकिस्तान के टीम सेमीफाइनल में पहुंच गइल। पाकिस्तान बिना एको गेना खेलले सेमीफाइनल के टिकट हासिल कs लेलस।
जापान के खिलाफ बरखा से प्रभावित भइल रहे भारत के मैच
एशियन गेम्स में आपन अभियान सुरू करे से पहिले भारतीय टीम सानो में जापान के खिलाफ एकमात्र टी20 मैच खेलले रहे। ऊ मुकाबला बरखा के चलते घट के महज 5-5 ओवर के हो गइल रहे। ओह मैच में भारतीय टीम रोमांचक मुकाबला में जापान के 2 रन से हरा देलस। एह मैच के बाद भारतीय टीम एशियन गेम्स खातिर नागोया पहुंचल रहे।
Read Also: Bank Strike : आज बैंक खुलल रही कि बंद? यूनियन टललस 3 दिन के हड़ताल, जानीं का बा पूरा कहानी







No comments yet. Be the first to comment!