Bank Strike : आज बैंक खुलल रही कि बंद? यूनियन टललस 3 दिन के हड़ताल, जानीं का बा पूरा कहानी

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 28, 2026

नई दिल्ली। बैंक ग्राहकन खातिर एगो राहत के खबर बा। यूनाइटेड फोरम ऑफ बैंक यूनियंस (UFBU) तीन दिन के प्रस्तावित हड़ताल के टाल देवे के फैसला कइले बा। बैंक में लेन-देन से परेसान ग्राहकन के

Share

Bank Strike Postponed September 2026

नई दिल्ली। बैंक ग्राहकन खातिर एगो राहत के खबर बा। यूनाइटेड फोरम ऑफ बैंक यूनियंस (UFBU) तीन दिन के प्रस्तावित हड़ताल के टाल देवे के फैसला कइले बा। बैंक में लेन-देन से परेसान ग्राहकन के एह फैसला से बड़ राहत मिली। एकर मतलब बा कि देसभर के सब बैंक 28 से 30 सितंबर के सामान्य रूप से काम करत रही। ई फैसला एहुसे महत्वपूर्ण बा, काहेकि ई समय बैंक के हाफ ईयरली क्लोजिंग के समय हs।

बैंक यूनियन हड़ताल काहे टललस?

बैंक यूनियन अतवार के आपन तीन दिन के देसव्यापी हड़ताल रद्द कs देलस। ई फैसला इंडियन बैंक्स एसोसिएशन (IBA) से आपन प्रमुख मांगन पs भरोसा मिलला के बाद लिहल गइल। एह मांगन में लमहर समय से लंबित पांच दिन के कामकाजी सप्ताह के मांग सामिल बा।

यूनाइटेड फोरम ऑफ बैंक यूनियंस (UFBU) सोमार से सुरू होखे वाला हड़ताल के घोषणा कइले रहे। प्रस्तावित हड़ताल बैंकिंग कामकाज खातिर महत्वपूर्ण समय माने छमाही क्लोजिंग के दौरान होखे वाला रहे।

यूएफबीयू एगो बयान में कहलस कि हड़ताल से जुड़ल मुद्दन पs आईबीए से मिलल भरोसा के बाद यूनियन आपन तय विरोध प्रदर्शन आ हड़ताल के कार्यक्रम टाल देवे पs सहमत भइल बा। हड़ताल टलला के चलते सोमार के बैंक शाखा सामान्य रूप से खुली।

बैंक यूनियन हड़ताल काहे करे वाली रहली आ का भरोसा मिलल?

यूनियन आ आईबीए के बीच बनल सहमति के तहत बाकी सनिचरन के छुट्टी घोषित करे के मांग पs विचार करे खातिर तुरंत दुनु पक्ष के प्रतिनिधियन वाली एगो हाईलेवल कमेटी बनावल जाई।

न्यूज एजेंसी पीटीआई के रिपोर्ट के मोताबिक, यूएफबीयू कहलस कि बाकी सनिचरन के छुट्टी के मुद्दा पs विचार-विमर्श करे खातिर आईबीए आ यूएफबीयू के हाईलेवल कमेटी तुरंत बनावल जाई। ई कमेटी सब संभावित विकल्पन पs विचार करी, सब स्टेकहोल्डर से बातचीत करी आ अइसन समाधान निकाले के कोसिस करी, जे स्टेकहोल्डर आ ग्राहकन दुनु खातिर स्वीकार्य होखे।

दुनु पक्ष स्केल IV आ ओकरा से ऊपर के अधिकारियन खातिर लागू परफॉर्मेंस लिंक्ड इंसेंटिव (PLI) स्कीम पs बातचीत करी। यूएफबीयू के कहनाम बा कि स्कीम में संभावित बदलाव पs आईबीए के संगे बातचीत सुरू हो सकेला। एकरा बाद यूनियन आ एसोसिएशन के चिंता के धेयान में रखत सरकार के सामने प्रस्ताव रखल जा सकेला।

बयान में ईहो कहल गइल बा कि यूनियन आ आईबीए 8 मार्च 2024 के मिनट्स में बतावल बाकी मुद्दन पs बातचीत करी, ताकि ओह सब के जल्दी से जल्दी सुलझावल जा सके।

बैंक यूनियन पहिले का कहलस?

एकरा पहिले यूएफबीयू तीन दिन के देसव्यापी हड़ताल के घोषणा कइले रहे। एह कारण बैंकन के ग्राहकन खातिर एडवाइजरी जारी करे के पड़ल रहे कि ऊ लोग आपन जरूरी बैंकिंग काम पहिलही निपटा लेवे। वित्त मंत्रालय आ आरबीआई के निरदेस पs कुछ बैंक अतवार के खुलल रहलें।

यूएफबीयू हिमाचल प्रदेश के कन्वीनर आ बैंकर्स यूनाइटेड फोरम ऑफ हिमाचल प्रदेश के अध्यक्ष नरेंद्र शर्मा कहलें कि यूनियनन के विरोध प्रदर्शन करे खातिर मजबूर होखे के पड़ल, काहेकि सरकार के संगे ढाई साल से जादे समय पहिले भइल समझौता में कइल गइल वादा अभी लागू नइखे भइल।

एह हफ्ता कवन-कवन दिन बैंक खुली?

28 से 30 सितंबर के बैंक हड़ताल रद्द होखे के चलते एह हफ्ता देसभर में बैंक पांच दिन खुली। एकर कारण बा कि सुक, 2 अक्टूबर के गांधी जयंती के चलते राष्ट्रीय अवकाश रही। जबकि 3 अक्टूबर महीना के पहिला सनिचर होखे के कारण बैंक खुलल रही।

अक्टूबर महीना देसभर में त्योहारन के महीना होला आ राज्य आ क्षेत्र के हिसाब से कइयन गो छुट्टी पड़ेला। एहसे ग्राहकन खातिर बेहतर रही कि ऊ लोग अपना राज्य के बैंक छुट्टी के सूची एक बेर जरूर देख लेवे।

Read Also: SSC CGL 2026 : 30 सितंबर के होखे वाला टियर-1 परीक्षा के एडमिट कार्ड जारी, अइसे करीं डाउनलोड

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.