Godda Accident : गोड्डा में भीषण सड़क हादसा, बेकाबू हाइवा से बुलेट सवार दू दोस्तन के मौत

Share

गोड्डा : जिला के महागामा थाना क्षेत्र में अतवार के सबेरे एगो दुखद सड़क हादसा में बुलेट सवार दूगो जवान लईकन के मवके पs मौत हो गइल। ई हादसा गम्हरिया गांव के लगे राष्ट्रीय राजमार्ग 133 पs भइल, जहां एगो बेकाबू हाइवा गाड़ी बुलेट सवार दोस्तन के कुचल देलस।

मरे वालन में 30 साल के विपिन कुमार आ 21 साल के सत्यम कुमार सामिल बा लोग। विपिन बिहार के कटिहार जिला के निवासी रहलें, जबकि सत्यम नूनाजोर गांव के रहे वाला रहलें। दुनो के बीच गहिराह दोस्ती रहल।

बतावल जा रहल बा कि अतवार के सबेरे दूनो दोस्त बुलेट से गोड्डा से महागामा जात रहे लाेग। एही दौरान सामने से तेज रफ्तार आ अनियंत्रित हाइवा आके बुलेट में जोरदार टक्कर मार देलस, जवना से दूनो के मवके पs जान चल गइल।

हादसा के बाद आसपास के लोगन के भीड़ जमा हो गइल आ गुस्साइल ग्रामीण सड़क जाम कs दिहल लोग। लोगन के मांग बा कि तेज रफ्तार हाइवा के आवाजाही पs रोक लगावल जावs, काहे कि एह जगह पs पहिलहू कइयन गो दुर्घटना हो चुकल बा।

स्थानीय लोग बता रहल बा कि एही इलाका में दर्जनन हादसा भइल बा, जवना में कइयन गो लोग जान गंवा चुकल बा। लोगन के आरोप बा कि अवैध तस्करी खातिर बेलगाम गाड़ियन के आवागमन से दुर्घटना बढ़त जा रहल बा।

सूचना मिलतही महागामा थाना पुलिस मवका पs पहुंचल आ शव के एंबुलेंस से अस्पताल भेज देलस। अस्पताल में परिजनन के रो-रो के बुरा हाल रहे आ माहौल पूरा गमगीन हो गइल।

Read Also: NEET UG 2026 : आज 565 शहरन में 22.79 लाख छात्र दे रहल बा लोग एग्जाम

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-