गोरखपुर। सीबीएसई नेशनल ताइक्वांडो चैंपियनशिप-2026 में संस्कृति पब्लिक स्कूल के कक्षा 9वीं के छात्रा अनन्या मौर्या सानदार प्रदर्शन करत स्वर्ण पदक जीत के स्कूल आ जिला के नाम रोशन कइले बाड़ी। प्रतियोगिता में अनन्या अंडर-17 आयु वर्ग के 35 से 38 किलोग्राम भार वर्ग में हिस्सा लेली आ अपना दमदार प्रदर्शन के बदौलत पहिला स्थान हासिल कइली।
19 से 24 सितंबर तक हरियाणा के पानीपत इस्थित बाल विकास प्रोग्रेसिव स्कूल में आयोजित एह चैंपियनशिप में देसभर से खिलाड़ी हिस्सा लिहल लो। राष्ट्रीय स्तर के एह प्रतियोगिता में अनन्या अलग-अलग मुकाबलन में सानदार प्रदर्शन करत स्वर्ण पदक अपना नामे कइली।
स्वर्ण पदक जीतला के संगही अनन्या के चयन एसजीएफआई (School Games Federation of India) खातिर भइल बा। एसजीएफआई के माध्यम से अब उनका स्कूली खेल के उच्च स्तर पs आपन प्रतिभा देखावे के मवका मिली।
ओलंपिक में देस खातिर गोल्ड जीतल बा सपना
अनन्या के लक्ष्य आगे चल के ओलंपिक में भारत के प्रतिनिधित्व करत देस खातिर स्वर्ण पदक जीते के बा। अनन्या कहली कि राष्ट्रीय स्तर पs मिलल ई सफलता उनका लक्ष्य के दिशा में एगो महत्वपूर्ण डेग बा। अब ऊ नियमित अभ्यास के माध्यम से अपना प्रदर्शन में लगातार सुधार करे पs ध्यान दीहें।
स्कूल परिवार जतवलस खुसी
अनन्या के उपलब्धि पs संस्कृति पब्लिक स्कूल के प्रधानाचार्य डॉ. ज्ञान्ती सिंह बधाई देली। विद्यालय के निदेशक संजय जायसवाल खुसी जतावत अनन्या के उज्ज्वल भविष्य के कामना कइलें। ऊ कहलें कि संस्कृति पब्लिक स्कूल विद्यार्थियन के प्रतिभा के पूरा तरे निखारे खातिर प्रतिबद्ध बा। राष्ट्रीय स्तर पs विद्यार्थियन के अइसन उपलब्धि से स्कूल के दसरा छात्र-छात्रा खेल के क्षेत्र में आगे बढ़े खातिर प्रेरित होखेला लाे।







No comments yet. Be the first to comment!