Gorakhpur News : डीएवी पीजी कॉलेज गोरखपुर में एनएसएस स्थापना दिवस पs स्वच्छता अभियान आ चित्रकला प्रतियोगिता के भइल आयोजन

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 24, 2026

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में बियफे के राष्ट्रीय सेवा योजना (एनएसएस) के दयानंद आ विवेकानंद इकाई के संयुक्त तत्वावधान में राष्ट्रीय सेवा योजना स्थापना दिवस मनावल गइल। एह मवका पs एक दिन के कार्यक्रम

Share

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में बियफे के राष्ट्रीय सेवा योजना (एनएसएस) के दयानंद आ विवेकानंद इकाई के संयुक्त तत्वावधान में राष्ट्रीय सेवा योजना स्थापना दिवस मनावल गइल। एह मवका पs एक दिन के कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल, जवना में स्वच्छता अभियान आ चित्रकला प्रतियोगिता करावल गइल।

कार्यक्रम के तहत राष्ट्रीय सेवा योजना के स्वयंसेवक कॉलेज परिसर आ परिसर के बाहर साफ-सफाई अभियान चलावल लो। एकरा बाद चित्रकला प्रतियोगिता के आयोजन भइल। एमे मरियम, दृष्टि, वसीम, आयुष, वैष्णवी, प्रिया, फिरदौस, रूक्सार, सुजिता, अनमोल, अर्पिता, हरीश सहित कइयन गो विद्यार्थी हिस्सा लिहल लो।

चित्रकला प्रतियोगिता के बाद कॉलेज के प्रवेश हॉल के कला दीवार पs विद्यार्थियन के बनावल सब चित्र के प्रदर्शित कइल गइल। प्रतियोगिता में खुशी साहनी पहिला स्थान हासिल कइली। जेनिस आ रजिया खातून के दूसरा स्थान मिलल, जबकि मरियम आ दीपाली तीसरा स्थान पs रहल लो।

राष्ट्रीय सेवा योजना के महत्व पs डालल गइल प्रकाश

कार्यक्रम के दौरान एगो बौद्धिक सत्र के आयोजन कइल गइल। एह सत्र में मुख्य अतिथि के रूप में शिक्षा शास्त्र विभाग के सहायक आचार्य डॉ. आशा राम मवजूद रहलें। ऊ विद्यार्थियन के संबोधित करत राष्ट्रीय सेवा योजना के महत्व आ राष्ट्र निर्माण में एकर भूमिका पs विस्तार से जानकारी देलें।

एकरा पहिले कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता विद्यार्थियन के संबोधित कइलीं। ऊ राष्ट्रीय सेवा योजना के स्थापना आ एकर इतिहास के बारे में विद्यार्थियन के जानकारी देली। कार्यक्रम के संचालन कार्यक्रम अधिकारी डॉ. शत्रुघ्न सिंह कइलें। ऊ विद्यार्थियन के आगे होखे वाला कार्यक्रमन के जानकारी देलें आ एक दिन के कार्यक्रम के समापन के घोषणा कइलें।

एह मवका पs सुमेर, अभिषेक, आदित्य, आस्था, नाजिया, रजिया, हिमांशु, आकाश, विश्वास, अमन, श्रद्धा, वैष्णवी, इप्सिता, खुशी, नितेश, अर्जुन, राज, दीपक सहित कइयन गो स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका मवजूद रहल लाे।

Read Also: New Delhi : भाजपा बदलल संगठन के ढांचा: कई राज्यन में नया महासचिव आ संयुक्त महासचिव के जिम्मेदारी

Tags:

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.