9 बजे से पहिले निपटा लीं जरूरी काम : छपरा में दु घंटा तक गुल रही लाइट, 11 बजे आई…हर रोज रही ई इस्थिती

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 24, 2024

छपरा के डोरीगंज फीडर में दु घंटा के पावर कट रही। पीएसएस डोरीगंज से संचालित होखे वाला 11 केवी चिरांद आ 11 केवी जलालपुर फीडर के कुछ हिस्सन में सबेरे नौ बजे से दुपहरिया 11

Share

छपरा के डोरीगंज फीडर में दु घंटा के पावर कट रही। पीएसएस डोरीगंज से संचालित होखे वाला 11 केवी चिरांद आ 11 केवी जलालपुर फीडर के कुछ हिस्सन में सबेरे नौ बजे से दुपहरिया 11 बजे तक बिजली बाधित रही।

एह संबंध मे विभाग के सहायक अभियंता बतवलें कि 132 केवी हाइटेंशन वायर आ मेगा ट्रांसफॉर्मर के मरम्‍मत के काम कइल जाए के बा। जवना के आलोक मे विद्युत सेवा बाधित रही। जनता से सहजोग के अपील बा कि सबेरे 9 बजे से पहिले बिजली संबंधी जरूरी काम कs लीं।

ठंड के मौसम में फीडर में बिजली ट्रिप के समस्या उत्पन्न होत रहे। जवना के लेके ई निर्णय लिहल गइल बा। आवे वाला दिनन में पावर ट्रिप के समस्या ना होखे एकरा खातिर बिजली विभाग कावर से बिजली काट के मरम्मति के निर्णय लिहल गइल बा। 11 बजे के बाद बिजली बहाल कs दिहल जाई।

सहायक अभियंता बतवलें कि मुख्य तार के बदलला के अलावे ग्रामीण क्षेत्र में छोट-छोट मरम्मती संबंधित काम कइल जाई। जवना के लेके लगातार दु घंटा के पावर कट रही। एह दौरान उपभोक्ता के भइल परेसानी खातिर बिजली विभाग क्षमा प्रार्थी बा बाकिर आगामी समय में सुचारू आ मजबूत तरीका से बिजली संचालन खातिर ई निर्णय लिहल गइल बा। एह पावर कट में मुख्यता डोरीगंज के चिरांद आ जलालपुर फीडर मुख्य रूप से प्रभावित रही।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.