फीचर डेस्क। आज सुक के 10 दिन के गणेशोत्सव के आखिरी दिन हs। हर साल भाद्रपद महीना के शुक्ल पक्ष के चतुर्थी तिथि से गणेश चतुर्थी के सुरुआत होला आ चतुर्दशी तिथि माने अनंत चतुर्दशी के दिन गणेश विसर्जन के संगे उत्सव के समापन होला। एह दिन भक्त लोग विधि-विधान से सुभ मुहूर्त में गणपति बप्पा के विसर्जन करेला।
विसर्जन से पहिले गणपति जी से आपन मनोकामना कहे, पूजा में भइल भूल-चूक खातिर माफी मांगे आ अगिला साल फेरु घर आवे के निमंत्रण देवे के परंपरा बा। धार्मिक मान्यता के मुताबिक, विसर्जन से ठीक पहिले बप्पा के कान में आपन इच्छा कहे के खास महत्व बा।
बप्पा के कवन कान में कहे के चाहीं मनोकामना?
विसर्जन से पहिले गणेश जी के दहिना कान में धीरे से आपन मनोकामना कहे के चाहीं। बोलत समय अपना मुंह के हल्का ढक ली, ताकि दूसरा के सुनाई ना देवे। संगही गणपति जी के कान के हल्का से ढक के धीरे-धीरे आपन बात कहीं।
गणेश जी के कान में का बोलल जावs?
मनोकामना कहीं: विसर्जन से पहिले बप्पा के कान में आपन इच्छा बताईं। धार्मिक मान्यता बा कि एह समय मांगल गइल मनोकामना जल्दी पूरा हो सकेला।
भूल-चूक खातिर माफी मांगीं: पूजा-पाठ में अनजाने में भइल गलती भा कमी खातिर गणपति जी से क्षमा मांगीं। बप्पा से कहल जा सकेला- “हे विघ्नहर्ता, दस दिन के सेवा में हमरा से जवनो भूल-चूक भइल होखे, ओकरा खातिर माफ करीं आ आपन कृपा बनवले रखीं।”
अगिला साल फेर आवे के निमंत्रण दीं: विदाई से पहिले गणपति के अगिला साल फेर घर आवे के न्योता दीं। कहल जा सकेला- “गणपति बाप्पा मोरया, पुढच्या वर्षी लवकर या!” माने हे बप्पा, अगिला साल जल्दी आयेम।
सुख-समृद्धि के प्रार्थना: घर में सुख-शांति, समृद्धि आ मंगल बनल रहे, एह खातिर गणपति जी से प्रार्थना करीं।
गणेश विसर्जन के समय कवन मंत्र बोलल जावs?
विसर्जन के समय बप्पा के ध्यान करत एह मंत्र के जाप कइल जा सकेला-
“ॐ यान्तु देवगणाः सर्वे पूजामादाय मामकीम्।
इष्टकामसमृद्ध्यर्थं पुनरागमनाय च॥”
गणेश विसर्जन के सुभ चौघड़िया मुहूर्त
- चतुर्दशी तिथि सुरू: 24 सितंबर 2026, रात 11:18 बजे
- चतुर्दशी तिथि समाप्त: 25 सितंबर 2026, रात 11:06 बजे
- प्रातः मुहूर्त (चर, लाभ, अमृत): सबेरे 6:28 से 10:59 बजे तक
- अपराह्न मुहूर्त (सुभ): दुपहरिया 12:30 से 2:01 बजे तक
- अपराह्न मुहूर्त (चर): सांझ 5:02 से 6:32 बजे तक
- रात्रि मुहूर्त (लाभ): रात 9:31 से 11:01 बजे तक
- रात्रि मुहूर्त (सुभ, अमृत, चर): 26 सितंबर के रात 12:30 से सबेरे 4:59 बजे तक
Read Also: Asian Games 2026 : शूटिंग में भारत के मिलल दोहरा खुसी, गोल्ड के बाद सिल्वर पs टीम सधलस निशाना







No comments yet. Be the first to comment!