Asian Games 2026 : शूटिंग में भारत के मिलल दोहरा खुसी, गोल्ड के बाद सिल्वर पs टीम सधलस निशाना

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 25, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। जापान के आइची-नागोया में चल रहल एशियन गेम्स 2026 के आज छठवां दिन बा। भारत खातिर दिन के सुरुआत सानदार रहल। शूटिंग में देस के झोली में गोल्ड के संगे सिल्वर मेडलो आ

Share

Asian Games 2026 India Shooting Gold Silver Medals

स्पोर्ट्स डेस्क। जापान के आइची-नागोया में चल रहल एशियन गेम्स 2026 के आज छठवां दिन बा। भारत खातिर दिन के सुरुआत सानदार रहल। शूटिंग में देस के झोली में गोल्ड के संगे सिल्वर मेडलो आ गइल। पांचवां दिन तक भारत कुल 17 मेडल जीत चुकल रहे आ अब भारतीय दल के नजर मेडल संख्या बढ़ावे पs बा।

शूटिंग में भारत के मिलल गोल्ड आ सिल्वर

10 मीटर एयर पिस्टल मिक्स्ड टीम इवेंट में भारत के सुरुचि सिंह आ कमलजीत के जोड़ी कमाल करत गोल्ड मेडल अपना नामे कइलस। भारतीय जोड़ी फाइनल में कुल 484.6 अंक हासिल कइलस। दक्षिण कोरिया 478.0 अंक के संगे सिल्वर आ ईरान 415.8 अंक के संगे ब्रॉन्ज मेडल जीतलस।

सुरुचि आ कमलजीत सुरुआते से बढ़त बना के रखल लो। कोरियाई टीम अंत में दबाव बनावे के कोसिस कइलस, बाकिर भारतीय जोड़ी 6.6 अंक के अंतर से मुकाबला जीत लेलस। ई भारत के एशियन गेम्स 2026 में दूसरका गोल्ड मेडल हs। एकरा से पहिले भारतीय महिला क्रिकेट टीम देस खातिर गोल्ड मेडल जीतले रहे।

50 मीटर राइफल में सिल्वर

50 मीटर राइफल 3 पोजिशन पुरुष टीम स्पर्धा में भारत के रुद्राक्ष पाटिल, नीरज कुमार आ ऐश्वर्य प्रताप सिंह तोमर सानदार प्रदर्शन करत टीम के सिल्वर मेडल दिलावल लो। भारत के कुल स्कोर 1762 रहल, जबकि चीन 1766 अंक के संगे गोल्ड जीतल। दक्षिण कोरिया के ब्रॉन्ज मेडल मिलल।

व्यक्तिगत क्वालिफिकेशन में ऐश्वर्य प्रताप सिंह तोमर 589, नीरज कुमार 588 आ रुद्राक्ष पाटिल 585 अंक हासिल कइलें। तोमर आ नीरज फाइनल में पहुंच गइलें, जबकि एक देस से अधिकतम दू खिलाड़ी के फाइनल में जाये के नियम के चलते रुद्राक्ष के सफर क्वालिफिकेशन में रुक गइल।

हॉकी में भारत के जीत

महिला हॉकी में भारत जापान के 3-1 से हरवलस। लालरेमसियामी, इशिका आ नवनीत भारत खातिर गोल कइल लो। जापान के ओर से शिहो कोबायाकावा एक गोल कइली। चार मैच में चार जीत के बाद भारत के अगिला मुकाबला सिंगापुर से होखे वाला बा।

ओहिजा, बैडमिंटन मिक्स्ड डबल्स में ध्रुव कपिला आ तनिषा क्रास्टो के जोड़ी मालदीव के निबाल अहमद आ अमीनाथ अब्दुल के जोड़ी के 21-7, 21-8 से हराके जीत से आगाज कइलस।

Read Also: Gorakhpur : संस्कृति पब्लिक स्कूल के अनन्या सीबीएसई नेशनल ताइक्वांडो में जीतलीं गोल्ड, SGFI खातिर भइल चयन

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.