Agra Road Accident : कंटेनर दुगो ऑटो के मरलस टक्कर, पांच लोगन के मौत, घायलन के भेजल गइल इमरजेंसी

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 31, 2026

आगरा। आगरा में भीषण सड़क हादसा भइल बा। थाना खंदौली इलाका में सनिचर के तेज रफ्तार कंटेनर दुगो ऑटो में जोरदार टक्कर मार देलस। एह हादसा में पांच लोगन के मौत हो गइल, जबकि तीन

Share

आगरा। आगरा में भीषण सड़क हादसा भइल बा। थाना खंदौली इलाका में सनिचर के तेज रफ्तार कंटेनर दुगो ऑटो में जोरदार टक्कर मार देलस। एह हादसा में पांच लोगन के मौत हो गइल, जबकि तीन लोग गंभीर रूप से घायल भइल बा। सब लोग जगन्नाथ पुरी यात्रा कs के लवटत रहे।

मिलल जानकारी के मोताबिक, थाना सउपल इलाका के गांव भादउ के सात लोग 20 जनवरी के जगन्नाथ पुरी दर्शन खातिर गइल रहे। दर्शन कs के सनिचर के जबलपुर से आगरा कैंट रेलवे स्टेशन पs उतरल लोग। ओहिजा से सब लोग ऑटो पकड़ के अपना गांवे जात रहे। रास्ता में खंदौली थाना क्षेत्र के नगला चंदन जलेसर रोड पs ई हादसा हो गइल।

प्रत्यक्षदर्शी बतवलें कि दून्नो ऑटो एके दिशा में जात रहे। पीछे से तेज रफ्तार में आ रहल कंटेनर पहिले एगो ऑटो में टक्कर मरलस, फेर दूसरको ऑटो ओकर चपेटा में आ गइल। टक्कर एतना जबरदस्त रहे कि दून्नो ऑटो बुरा तरे टूट-फूट गइल आ मवका पs चीख-पोकार मच गइल।

हादसा के सूचना मिलतही खंदौली पुलिस मवका पs पहुंच गइल। पुलिस एंबुलेंस से घायलन के नजदीकी अस्पताल भेजववलस। हादसा के बाद कंटेनर चालक के लोग पकड़ लेलस आ ओकरा संगहू मारपीट भइल।

एह हादसा में मवके पs पांच लोगन के जान चल गइल, जबकि धनप्रसाद, विजय सिंह आ उदय सिंह गंभीर रूप से घायल हो गइल लोग। धनप्रसाद के इमरजेंसी वार्ड में भर्ती करावल गइल बा, जबकि विजय सिंह आ उदय सिंह के यमुना पार इस्थित अम्बे अस्पताल में इलाज चल रहल बा, जहां उनकर हालत गंभीर बतावल जा रहल बा।

एसएन मेडिकल कॉलेज में पांच मृतकन के शव ले आवल गइल। मरे वालन में बीजो, लख्मीचंद, रणवीर सिंह, बिल्ला मिस्त्री आ शाहिद के नाम सामिल बा। घायलन में धनपाल, विजय सिंह आ उदय सिंह के इलाज जारी बा।

Read Also: T20 World Cup 2026 : भारत के पांच शहर करी विश्व कप मैचन के मेजबानी, जानीं एह स्टेडियमन के खासियत

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.