Bihar Election 2025 : ‘जनता सबसे बड़, पार्टी आ परिवार ना’- तेज प्रताप के तेजस्वी के नाम खास संदेश

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 3, 2025

पटना। जनशक्ति जनता दल के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ महुआ सीट से उम्मीदवार तेज प्रताप यादव अब आपन छोट भाई तेजस्वी यादव के लोकतंत्र के असली मर्म समझवलें। तेज प्रताप कहलें कि पार्टी होखे चाहे परिवार,

Share

Tej Pratap Yadav addressing supporters in Mahua, sends message to Tejashwi Yadav during Bihar Election 2025.

पटना। जनशक्ति जनता दल के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ महुआ सीट से उम्मीदवार तेज प्रताप यादव अब आपन छोट भाई तेजस्वी यादव के लोकतंत्र के असली मर्म समझवलें। तेज प्रताप कहलें कि पार्टी होखे चाहे परिवार, जनता सब कुछ से बड़ होले।

Bihar Election 2025 : तेज प्रताप के बयान से गरम बा माहौल

महुआ विधानसभा से जनशक्ति जनता दल के उम्मीदवार तेज प्रताप यादव अपना बयान से सियासी गलियारा में हलचल मचा देलें। ऊ कहलें- “हमार छोट भाई तेजस्वी आज महुआ में कहलें कि पार्टी से बड़ केहू नइखे, बाकिर हम कहेम कि लोकतंत्र में जनता सबसे बड़ होले। पार्टी एगाे सिस्टम हs, बाकिर जनता मालिक हियs।”

तेज प्रताप आगे कहलें कि “महुआ हमार राजनीति के धरती हs, एहिजा के जनता हमरा मालिक हियs। हम पार्टी ना, जनता के सेवा खातिर चुनाव मैदान में बानी। हमरा पूरा भरोसा बा कि महुआ के जनता हमरा के भारी मत से जिताई।”

महुआ बनल बा बिहार चुनाव के ‘हॉट सीट’

अबकि बेर महुआ सीट पs सब केहू के निगाह टिक गइल बा। इहवां से 2015 में लालू यादव के बड़ बेटा तेज प्रताप यादव जीतल रहस। बाकिर अबकी बेर ऊ जनशक्ति जनता दल के टिकट पs लड़त बाड़ें।
राजद के ओर से मौजूदा विधायक डॉ. मुकेश रोशन मैदान में बाड़ें, जिनका खातिर तेजस्वी यादव खुद वोट मांगत बाड़ें। ओने जदयू के बागी डॉ. आसमां प्रवीण निर्दलीय लड़ रहल बाड़ी। एनडीए के ओर से चिराग पासवान के पार्टी एलजेपी (रामविलास) से संजय सिंह मैदान में बाड़ें। एह सीट पs चार गो बड़ उम्मीदवार के बीच सीधा चतुष्कोणीय मुकाबला होखे के संभावना बन रहल बा।

Read Also: Telangana Road Accident : तेलंगाना में बस आ डंपर के भीषण टक्कर, 24 लोगन के मौत, कइयन लोग घायल

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.