Delhi News : दिल्ली के महरौली में तोड़फोड़ के दौरान तीन मंजिला मकान ढहल, मलबा में लोगन के फंसल होखे के आशंका

By Shweta Supriya

Published on: Jun 25, 2026

नई दिल्ली। दक्षिण दिल्ली के महरौली इलाका में बियफे के सबेरे एगो बड़ हादसा हो गइल। वार्ड नंबर-3 में पुरान तीन मंजिला मकान के तोड़फोड़ के दौरान अचानक इमारत के एगो बड़ हिस्सा ढह गइल। हादसा

Share

Delhi Mehrauli Building Collapse During Demolition, Rescue Operation Underway

नई दिल्ली। दक्षिण दिल्ली के महरौली इलाका में बियफे के सबेरे एगो बड़ हादसा हो गइल। वार्ड नंबर-3 में पुरान तीन मंजिला मकान के तोड़फोड़ के दौरान अचानक इमारत के एगो बड़ हिस्सा ढह गइल। हादसा के बाद इलाका में अफरा-तफरी मच गइल। प्रशासन के ओर से राहत आ बचाव अभियान चलावल जा रहल बा।

बतावल जा रहल बा कि करीब 400 वर्ग गज क्षेत्रफल वाला एह पुरान मकान के एगो बिल्डर किनले रहे। बहुमंजिला इमारत बनावे खातिर मकान के ध्वस्त करावल जात रहे। एह दौरान सबेरे करीब 9:30 बजे अचानक इमारत के हिस्सा गिर गइल।

दमकल आ पुलिस टीम बचाव काम में जुटल

घटना के जानकारी मिलतही दमकल विभाग के तीन गो गाड़ी तत्काल मवका पs पहुंच गइल। पुलिस इलाका के घेराबंदी कs के सुरक्षा बेवस्था संभार लेलस। बचाव टीम मलबा हटावे आ जांच करे में जुटल बिसा कि कहीं कवनो मजदूर भा आउर व्यक्ति दब तs नइखे गइल।

अधिकारियन के मोताबिक, अभी तक कवनो व्यक्ति के घायल होखे भा मौत के आधिकारिक सूचना नइखे मिलल। हालांकि, मलबा में लोगन के फंसल होखे के संभावना के देखत जांच जारी बा।

पड़ोसी के गाड़ी भइल क्षतिग्रस्त

इमारत गिरला के असर आसपास के इलाका में पड़ल। पड़ोसी अनिल शर्मा के हाता में खड़ा चार से पांच गो गाड़ी मलबा के चपेट में आके क्षतिग्रस्त हो गइल। स्थानीय लोग बिल्डर पs लापरवाही के आरोप लगवले बा। ओह लोगन के कहनाम बा कि तोड़फोड़ के काम जल्दबाजी में कइल जात रहे। लोग इहो बतवलस कि रात के समय बुलडोजर चलावल जात रहे।

ठेकेदार से पुलिस कs रहल बिया पूछताछ

पुलिस तोड़फोड़ से जुड़ल ठेकेदार के मवका पs बोलाके पूछताछ सुरू कs देले बिया। अधिकारी अब ई पता लगावे में जुटल बा लोग कि हादसा के समय इमारत में कवनो मजदूर भा दोसर व्यक्ति मवजूद रहे कि ना।

Read Also: Bihar Politics : राबड़ी देवी के बंगला खाली करे के अल्टीमेटम, भवन निर्माण विभाग देलस 7 दिन के मोहलत

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.