Amritsar Blast : जालंधर के बाद अमृतसर में आर्मी कैंप के बाहर ब्लास्ट, टीन के चादर के नुकसान

By Anurag Ranjan

Published on: May 6, 2026

अमृतसर। जालंधर के बाद अब अमृतसर में खासा कैंप के नजदीक इस्थित आर्मी कैंप के बाहर मंगर के देर रात जोरदार धमाका हो गइल। धमाका के आवाज एतना तेज रहे कि आसपास के इलाका में

Share

Amritsar Army Camp Blast Punjab Explosion

अमृतसर। जालंधर के बाद अब अमृतसर में खासा कैंप के नजदीक इस्थित आर्मी कैंप के बाहर मंगर के देर रात जोरदार धमाका हो गइल। धमाका के आवाज एतना तेज रहे कि आसपास के इलाका में अफरा-तफरी मच गइल आ लोग अपना-अपना घर से बाहर निकल आइल।

मिलल जानकारी के मोताबिक, धमाका रात करीब 11 बजे के बाद भइल। सूचना मिलतही पुलिस आ सेना के टीम फौरन मवका पs पहुंच गइल आ पूरा इलाका के घेर के सुरक्षा कड़ा कs दिहल गइल। संगही फोरेंसिक टीम आ डॉग स्क्वॉयड के जांच खातिर बोलावल गइल बा।

जानमाल के कवनो नुकसान ना

सुरुआती जांच में पता चलल बा कि धमाका से आर्मी कैंप के बाहरी दीवार पs लागल टीन के चादर के नुकसान पहुंचल बा। फिलहाल कवनो आदमी के घायल होखे भा जानमाल के बड़ नुकसान के खबर नइखे।

पुलिस छावनी बनल पूरा इलाका

अधिकारियन के अनुसार पूरा इलाका में बड़ संख्या में पुलिस आ सेना के जवानन के तैनात कs दिहल गइल बा। सुरक्षा के मद्देनजर हर तरफ सख्ती बढ़ा दिहल गइल बा।

अमृतसर देहात के एसपी आदित्य वारियर बतवलें कि सूचना मिलतही तुरंत कार्रवाई कइल गइल आ जांच जारी बा। ऊ कहलें कि फोरेंसिक टीम सबूत जुटावत बिया आ जांच पूरा होखला के बादे घटना के असली कारण सामने आई।

Read Also: US-Pakistan : पेशावर में अमेरिका बंद करी वाणिज्य दूतावास, सुरक्षा चिंता से डोनाल्ड ट्रंप के बड़ा फैसला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.