Telangana Road Accident : तेलंगाना में बस आ डंपर के भीषण टक्कर, 24 लोगन के मौत, कइयन लोग घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 3, 2025

नई दिल्ली। तेलंगाना से एगो दिल दहला देवे वाला सड़क हादसा के खबर सामने आइल बा। राज्य के रंगारेड्डी जिला में सोमार के भोर में एगो भीषण एक्सीडेंट भइल। इहां एगो बस आ डंपर के

Share

Telangana Ranga Reddy road accident scene after bus and dumper collision, rescue operation underway.

नई दिल्ली। तेलंगाना से एगो दिल दहला देवे वाला सड़क हादसा के खबर सामने आइल बा। राज्य के रंगारेड्डी जिला में सोमार के भोर में एगो भीषण एक्सीडेंट भइल। इहां एगो बस आ डंपर के जबरदस्त टक्कर हो गइल, जवना में 24 लोगन के जान चल गइल आ कइयन लोग के हालात नाजुक बा।

डंपर आ बस में आमने-सामने टक्कर

पुलिस से मिलल जानकारी के मोताबिक, बजरी ले जात रहल एगो डंपर आ रोडवेज बस के रंगारेड्डी जिला में आमने-सामने भिड़ंत हो गइल। टक्कर एतना जबरदस्त रहल कि बस के अगिला हिस्सा पूरा तरे से कुचला गइल। बतावल जा रहल बा कि बस में जादेतर बच्चा आ ऑफिस जाये वाला लोग सवार रहे, जवना में से कइयन लोगन के मौत हो गइल।

घायलन के अस्पताल भेजल गइल

पुलिस अफसरन के कहनाम बा कि घायलन के नजदीकी अस्पताल में भरती करावल गइल बा। ई हादसा चेवेल्ला थाना इलाका के खानापुर गेट के लगे भइल, जहां TGSRTC (तेलंगाना रोड ट्रांसपोर्ट कॉरपोरेशन) के बस आ एगो ट्रक के भिड़ंत हो गइल। डंपर के टक्कर से बजरी बस पs गिर गइल, जवना से हालात अउरी खराब हो गइल।

सरकार के तरफ से निरदेस जारी

तेलंगाना के मंत्री पोन्नम प्रभाकर एह भीषण हादसा पs गहिराह दुख जतवलें। ऊ TGSRTC के एमडी नागी रेड्डी आ रंगारेड्डी जिला के कलेक्टर से बात कs के घायलन के बेहतर इलाज के निरदेस देलें। मंत्री सब अधिकारियन से कहलें कि तुरंत राहत आ बचाव के काम में तेजी ले आवल जाव।

बस में सवार रहे करीब 70 लोग

पहिला रिपोर्ट के मोताबिक, ई TGSRTC बस तंदूर से हैदराबाद जात रहे, आ एह बस में करीब 70 यात्री सवार रहे लाेग। एह में जादेतर बच्चा आ कॉलेज छात्र-छात्रा रहे लोग, जे अतवार के छुट्टी मना के वापस लौटत रहे लाेग। हादसा के बाद हैदराबाद-बीजापुर हाईवे पs ट्रैफिक ठप हो गइल बा।

Read Also: BCCI Announces Reward Money : भारतीय महिला टीम के वर्ल्ड कप जीत पs BCCI इनाम में दी 51 करोड़ रुपिया

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.