पटना। बिहार के पुलिस महानिदेशक (DGP) विनय कुमार स्वैच्छिक सेवानिवृत्ति (VRS) ले लेले बाड़ें। गृह विभाग सनिचर के रात उनकर VRS के आवेदन के तत्काल प्रभाव से मंजूरी दे देलस। एकरा संगही सामान्य प्रशासन विभाग विनय कुमार के बिहार के मुख्य सूचना आयुक्त बनावे के अधिसूचना जारी कs देलस। विनय कुमार दिसंबर में सेवानिवृत्त होखे वाला रहलें, बाकिर कार्यकाल पूरा होखे से पहिलही VRS लेवे के फैसला कइलें।
ओहिजा, विधि विभाग के पूर्व सचिव आ न्यायिक सेवा के अधिकारी अंजनी कुमार सिंह के राज्य सूचना आयुक्त बनावल गइल बा। एह संबंध में पिछिला सुक के मुख्यमंत्री सम्राट चौधरी के अध्यक्षता में भइल तीन सदस्यीय चयन समिति के बैठक में सहमति बनल रहे।
तत्काल प्रभाव से VRS के मंजूरी
1991 बैच के IPS अधिकारी विनय कुमार हाले में छुट्टी पs गइल रहलें। छुट्टी के दौरान ऊ स्वैच्छिक सेवानिवृत्ति खातिर आवेदन देलें।
आलोक राज के बाद संभरले DGP के कमान
विनय कुमार के आलोक राज के जगह बिहार के पुलिस महानिदेशक बनावल गइल रहे। DGP बने से पहिले ऊ बिहार पुलिस में कइयन गो महत्वपूर्ण जिम्मेदारी संभार चुकल रहलें। ऊ एडीजी लॉ एंड ऑर्डर, CID आ बिहार पुलिस भवन निर्माण निगम के महानिदेशक सहित कइयन गो महत्वपूर्ण पद पs काम कइलें। लमहर प्रशासनिक आ पुलिसिंग अनुभव के बाद उनका राज्य पुलिस के कमान सउपल गइल रहे।
गांव के स्कूल से पढ़ाई, IIT खड़गपुर से BTech
विनय कुमार मूल रूप से वैशाली जिला के रामपुरानी गांव के रहे वाला बाड़ें। उनकर पिता शिक्षक रहलें। प्रारंभिक पढ़ाई गांव के स्कूल से भइल। मैट्रिक आ इंटर के पढ़ाई पूरा कइला के बाद ऊ IIT खड़गपुर में दाखिला लेलें, जहां से BTech के डिग्री हासिल कइलें। एकरा बाद ऊ सिविल सेवा परीक्षा के तइयारी सुरू कइलें।
मेधावी छात्र रहल विनय कुमार UPSC परीक्षा में सफलता हासिल कइलें आ 1991 में भारतीय पुलिस सेवा में चयनित भइलें। पुलिस सेवा में आवे के बाद ऊ बिहार में अलग-अलग पद पs काम कइलें आ कानून-बेवस्था, अपराध अनुसंधान आ पुलिस प्रशासन से जुड़ल महत्वपूर्ण जिम्मेदारी संभरलें।
पुलिस सेवा से सूचना आयोग तक के सफर
करीब तीन दशक से जादे लमहर पुलिस सेवा के करिअर पूरा कइला के बाद विनय कुमार अब सूचना आयोग में नया भूमिका निभइहें। मुख्य सूचना आयुक्त के रूप में नियुक्ति के संगही बिहार के पुलिस महानिदेशक के पद पs उनका कार्यकाल के समापन हो गइल बा।







No comments yet. Be the first to comment!