Bengaluru Tripple Murder : लिव-इन के विरोध से नाराज सॉफ्टवेयर इंजीनियर बेटी पs परिवार के हत्या के आरोप

By Shweta Supriya

Published on: Jun 25, 2026

बेंगलुरु। कर्नाटक के बेंगलुरु में सामने आइल ट्रिपल मर्डर केस पूरा शहर के हिला देले बा। पुलिस के मोताबिक, 25 साल के एगो सॉफ्टवेयर इंजीनियर महिला पs अपना परिवार के तीन सदस्यन के हत्या करे

Share

Bengaluru Triple Murder Case

बेंगलुरु। कर्नाटक के बेंगलुरु में सामने आइल ट्रिपल मर्डर केस पूरा शहर के हिला देले बा। पुलिस के मोताबिक, 25 साल के एगो सॉफ्टवेयर इंजीनियर महिला पs अपना परिवार के तीन सदस्यन के हत्या करे के आरोप लागल बा। सुरुआती जांच में सामने आइल बा कि लिव-इन रिलेशनशिप आ निजी जिनगी के लेके परिवार में लमहर समय से विवाद चलत रहे।

पुलिस महिला के पुडुचेरी रेलवे स्टेशन के नजदीक से हिरासत में ले लेलस, जबकि ओकर कथित साथी केनेथ के तलाश जारी बा। आरोप बा कि दुनो लोग सोमार के रात सीगेहल्ली के डोमिनिक लेआउट इस्थित अपार्टमेंट में पहुंचल रहे, जहां परिवार रहत रहे।

लिव-इन रिश्ता के विरोध बनल विवाद के कारण

जांच अधिकारी के मोताबिक, आरोपी श्वेता आ ओकर परिवार के बीच केनेथ के संगे रिश्ता के लेके अक्सर बहस होत रहे। पुलिस के कहनाम बा कि श्वेता के मां मुथुलक्ष्मी ओकर लिव-इन रिलेशनशिप के कड़ा विरोध करत रहली।

परिवार श्वेता के आर्थिक इस्थिति आ बैंक लोन के मुद्दा पs सवाल उठावत रहे। पुलिस अब ई जांच करत बिया कि करीब 30 लाख रुपिया के कर्ज आ पारिवारिक तनाव के घटना से कवनो संबंध बा कि ना।

डायरी आ डिजिटल सबूत के जांच

पुलिस तलाशी के दौरान एगो निजी डायरी बरामद कइले बिया। डायरी में अकेलापन, दुख, प्यार आ मानसिक तनाव से जुड़ल कइयन गो बात लिखल मिलल बा। जांच अधिकारी मानत बाड़ें कि डायरी से आरोपी के मानसिक इस्थिति के समझे में मदद मिल सकेला।

एकरा अलावे पुलिस मोबाइल रिकॉर्ड, दस्तावेज आ आउर डिजिटल सबूत जुटावत बिया। केनेथ के भूमिका के जांच कइल जा रहल बा।

हमला के बाद फरार हो गइल रहे आरोपी

पुलिस के अनुसार, अपार्टमेंट में सबसे पहिले महिला के मां पs हमला भइल। बीच-बचाव करे पहुंचल छोट बहिन घायल हो गइल। पिता गंभीर रूप से घायल हालत में पड़ोसी से मदद मांगे निकललें, बाकिर इलाज के दौरान उनकर मौत हो गइल।

घटना के बाद दुनो आरोपी फरार हो गइल रहले सs। पुलिस श्वेता से पूछताछ कs रहल बिया आ केनेथ के पकड़े खातिर विशेष टीम लगावल गइल बा। पुलिस अधिकारी के कहनाम बा कि जांच अभी जारी बा आ सब पहलुअन के धेयान में रख के आगे के कार्रवाई कइल जाई।

Read Also: Delhi News : दिल्ली के महरौली में तोड़फोड़ के दौरान तीन मंजिला मकान ढहल, मलबा में लोगन के फंसल होखे के आशंका

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.