आजमगढ़। अहरौला के शंभूपुर गहजी गांव में तंत्र-मंत्र के अंधविश्वास एगो पूरा परिवार खातिर विनाशकारी साबित भइल। स्थानीय लोगन के मोताबिक, अरविंद के माई शमला देवी आ पत्नी बबीता के आशंका रहे कि अरविंद पs भूत-प्रेत के साया बा। परिवार के लोगन के माने के रहे कि पूजा-पाठ आ तंत्र-मंत्र करावे से अरविंद ठीक हो जाई। एह खातिर घर में पांच दिन के पूजा करावल जात रहे। हालांकि, अरविंद एह पूजा के लगातार विरोध करत रहे।
मंगर के पूजा के चउथा दिन रहे। एह दौरान अरविंद घरे पहुंचल तs पूजा-पाठ होत देख के भड़क गइल। ऊ बार-बार तंत्र-मंत्र के बात के गलत बतावत रहे, बाकिर परिवार के लोग ओकरा बात पs धेयान ना दिहल।
पत्नी आ पुरोहितन के गोली मार के हत्या
एही दौरान विवाद बढ़ गइल आ अरविंद आपन पत्नी बबीता आ पूजा करा रहल दुनो पुरोहित के गोली मार देलस। एकरा बाद ऊ अपना लईकन के संगे एगो कमरा में बंद हो गइल।
देर रात पुलिस के कार्रवाई में अरविंद आ ओकर बेटा शौर्य के मौत हो गइल, जबकि बेटी परी घायल हो गइल। परिवार के परेसानी दूर करे खातिर सुरू भइल पूजा-पाठ के कोसिस के बीच उठल विवाद आखिरकार पूरा परिवार के उजाड़ देलस।
जवाबी कार्रवाई में अरविंद के मौत
एसएसपी के मोताबिक, अरविंद लईकन के संगे कमरा में बंद रहे। पुलिस जब कमरा में घुसे के कोसिस कइलस तs एगो छोट तख्त के सहारा मिलल। एह दौरान आरोपी करीब चार-पांच राउंड फायर कइलस। पुलिस के जवाबी कार्रवाई में ओकरा गोली लाग गइल।
अरविंद के इलाज खातिर जिला अस्पताल भेजल गइल, जहां ओकर मौत हो गइल। पुलिस ओकरा से गोली चलावे में इस्तेमाल रिवॉल्वर के जब्त कs लेलस। ओकर राइफल पहिले से जमा रहे।
बेटा के ना बचावल जा सकल
अरविंद के बेटा शौर्य के इलाज खातिर हायर सेंटर भेजल गइल, बाकिर ओकर जान ना बचावल जा सकल। एह घटना से परिवार में मातम पसर गइल।
घायल बेटी के चेहरा पs अभियो डर
मुठभेड़ के दौरान अरविंद के बड़ बेटी परी घायल हो गइल। एगो गोली ओकर कोहनी के छूके निकल गइल। जिला अस्पताल में इलाज के दौरान सामने आइल वीडियो में ओकर चेहरा पs डर साफ लउकत रहे। परी बतावत रहे कि पिछिला दिन ओकर घर में पूजा होत रहे। ओकरा मोताबिक, ओकर पिता बंदूक से माई आ पंडी जी के गोली मार देलें। ओकर भाई के गोली मार दिहल गइल आ परिवार के लोगन के धमकी दिहल गइल। घटना के बाद अब परिवार में दादी के संगे खाली दूगो बेटी के बचे के बात सामने आ रहल बा।
Read Also: Share Market : शेयर बाजार में भारी गिरावट, सेंसेक्स 600 अंक से जादे लुढ़कल, निफ्टी 23,250 के नीचे







No comments yet. Be the first to comment!