Ayushman Bharat : आयुष्मान भारत के आठ साल : 60 करोड़ से जादे लोगन के मिलल स्वास्थ्य कवरेज, पीएम मोदी कहलें- गरीबन खातिर वरदान

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 23, 2026

नई दिल्ली। आयुष्मान भारत योजना के बुध के आठ साल पूरा हो गइल। एह मवका पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहलें कि योजना के तहत देस के 60 करोड़ से जादे लोगन के 5 लाख रुपिया

Share

नई दिल्ली। आयुष्मान भारत योजना के बुध के आठ साल पूरा हो गइल। एह मवका पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहलें कि योजना के तहत देस के 60 करोड़ से जादे लोगन के 5 लाख रुपिया तक के स्वास्थ्य कवरेज मिल रहल बा। उनका मोताबिक, एह उपलब्धि के चलते आयुष्मान भारत दुनिया के सबसे बड़ हेल्थकेयर योजना बन गइल बा।

पीएम मोदी का कहलें?

आयुष्मान भारत के सब लाभार्थियन के सुभकामना देत पीएम मोदी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ‘एक्स’ पs पोस्ट कइलें। ऊ कहलें कि आठ साल पहिले आयुष्मान भारत के सुरुआत एह सोच के संगे कइल गइल रहे कि हर भारतीय के बेहतर आ किफायती स्वास्थ्य सेवा मिल सके।

पीएम मोदी के मोताबिक, आज 60 करोड़ से जादे लाभार्थियन के हर साल 5 लाख रुपिया के हेल्थ कवर मिल रहल बा। एह योजना से इलाज पs होखे वाला खरचा में बहुते बचत संभव भइल बा, जवना के फायदा गरीब आ मध्यम वर्ग के परिवारन के मिलल बा।

ऊ बतवलें कि स्वास्थ्य सेवा अब लोगन के घर के नजदीक पहुंच रहल बा। आयुष्मान आरोग्य मंदिर में अब तक 500 करोड़ से जादे विजिट दर्ज कइल जा चुकल बा। एकरा से जमीनी स्तर पs प्राथमिक स्वास्थ्य सेवा के मजबूत करे में मदद मिलल बा।

जेपी नड्डा बतवलें योजना के उपलब्धि

केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री जेपी नड्डा कहलें कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आठ साल पहिले ‘सेवा के संकल्प’ लेले रहलें, जवना से लाखन लोगन खातिर स्वास्थ्य सेवा तक पहुंच में बदलाव आइल।

उनका माेताबिक, आयुष्मान भारत पीएम-जेएवाई दुनिया के सबसे बड़ स्वास्थ्य बीमा योजना हs। अब तक 60 करोड़ से जादे लोगन के कवर मिलल बा, जबकि 48.54 करोड़ से जादे आयुष्मान कार्ड बनावल गइल बा। 13 करोड़ से जादे लोग इलाज के फायदा उठा चुकल बा।

देसभर में 39 हजार से जादे सूचीबद्ध सरकारी आ निजी अस्पतालन के माध्यम से 2 लाख करोड़ रुपिया से जादे के अस्पताल में भरती आ इलाज से जुड़ल लाभ दिहल गइल बा।

पीयूष गोयल कहलें- गरीब परिवारन खातिर मददगार

केंद्रीय वाणिज्य आ उद्योग मंत्री पीयूष गोयल कहलें कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व में सुरू भइल आयुष्मान भारत योजना से करोड़न परिवारन खातिर बेहतर इलाज आ स्वास्थ्य सेवा तक पहुंच आसान भइल बा।

ऊ कहलें कि गरीब आ जरूरतमंद परिवारन खातिर ई योजना इलाज के खरचा के चिंता कम करे में मददगार साबित भइल बा आ स्वस्थ आ सुरक्षित जिनगी खातिर सहारा बनल बा।

Read Also: Bihar Drowning Incident : बिहार में कर्मा पूजा के मूर्ति विसर्जन के दौरान गंगा में हादसा, 11 लोग डूबल, चार के बचावल गइल, छव लापता

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.