पटना। बिहार के पटना जिला के बाढ़ अनुमंडल में कर्मा पूजा के बाद मूर्ति विसर्जन के दौरान गंगा नदी में बड़ हादसा हो गइल। बाढ़, अथमलगोला आ बख्तियारपुर थाना क्षेत्र में अलग-अलग घटना में कुल 11 लोग गंगा में डूबे लागल। स्थानीय लोग चार लोग के सुरक्षित बचा लिहल, जबकि एगो जुवक के शव बरामद भइल बा। छव लोग अभी लापता बतावल जा रहल बा। घटना के बाद स्थानीय गोताखोर के संगे एसडीआरएफ के टीम के सूचना दे दिहल गइल बा।
बाढ़ में मूर्ति विसर्जन के बाद नहाये लागल जुवक
बाढ़ थाना क्षेत्र के पोस्ट ऑफिस घाट पs कर्मा-धर्मा पूजा के मूर्ति विसर्जन करे पहुंचल तीन गो जुवक गंगा में डूबे लागल लो। स्थानीय लोग एगो जुवक के बचा लिहल, जबकि दूगाे जुवक नदी में डूब गइल। डूबे वाला जुवक के पहचान गुलाबबाग नया टोला निवासी 10 साल के पीयूष कुमार आ 15 साल के सुजीत कुमार के रूप में भइल बा।
पीयूष के माई पूजा देवी बतवली कि ऊ अपना बेटा के मूर्ति विसर्जन खातिर भेजले रहली। मूर्ति विसर्जन के बाद पीयूष के संघतिया ओकरा सहित बाकी लईकन से गंगा में नहाये के कहलस। एकरा बाद सब केहू नदी में नहाये लागल। एह दौरान तीन गो जुवक डूबे लागल लो। लोग एगो जुवक के बचा लिहल, बाकिर पीयूष आ एगो आउर जुवक गंगा में डूब गइल।
बाढ़ के अंचलाधिकारी रानी कुमारी बतवली कि दूगो जुवक गंगा में डूब गइल बाड़ें। रेस्क्यू अभियान चलावल जा रहल बा आ एसडीआरएफ के टीम के सूचना दे दिहल गइल बा। स्थानीय गोताखोर खोजबीन में जुटल बा लो।
अथमलगोला में भाई-बहिन गंगा में डूबल
अथमलगोला थाना क्षेत्र के उस्मानपुर वार्ड नंबर-9 में कर्मा पूजा के मूर्ति विसर्जन के दौरान भाई-बहिन गंगा में डूब गइल लो। दुनो के तलाश जारी बा। थाना अध्यक्ष राहुल कुमार घटना के पुष्टि करत बतवलें कि स्थानीय गोताखोर आ एसडीआरएफ के टीम के सूचना दे दिहल गइल बा।
बख्तियारपुर में छव गो जुवक डूबलें
बख्तियारपुर थाना क्षेत्र के चंपापुर गांव के नजदीक मूर्ति विसर्जन के दौरान हादसा हो गइल। छव गो जुवक गंगा में डूबे लगलें। स्थानीय लोग तीन जुवक के बचा लिहल, जबकि तीन नदी में डूब गइलें। बाद में एगो जुवक के शव बरामद भइल, जबकि दू लोग के तलाश जारी बा।
मृतक के पहचान देदौर गांव के बबलू बगीचा निवासी साहिल कुमार के रूप में भइल बा। ऊ रामेश्वर मोची के बेटा रहे। लापता जुवक गोलू कुमार आ बलवीर कुमार बतावल गइल बा लो। जानकारी के मोताबिक, बलवीर अपना माता-पिता के इकलौता बेटा रहे।
बख्तियारपुर थाना अध्यक्ष विनोद कुमार बतवलें कि घटना के जानकारी अंचलाधिकारी के दे दिहल गइल बा। एसडीआरएफ के टीम के बोलावल गइल बा आ स्थानीय गोताखोरन के मदद से नदी में रेस्क्यू अभियान चलावल जा रहल बा।







No comments yet. Be the first to comment!