Awarapan 2 Box Office : तीन दिन में 100 करोड़ पार, इमरान हाशमी के फिलिम कs रहल बिया तगड़ा कमाई

By Shweta Supriya

Published on: Aug 17, 2026

नई दिल्ली। इमरान हाशमी के फैंस खातिर एगो बड़ खबर सामने आ रहल बा। Awarapan 2 बॉक्स ऑफिस पs सानदार प्रदर्शन कs रहल बा। 14 अगस्त के सिनेमाघरन में रिलीज भइल ई फिलिम मात्र तीन

Share

Awarapan 2 Box Office Collection – Emraan Hashmi

नई दिल्ली। इमरान हाशमी के फैंस खातिर एगो बड़ खबर सामने आ रहल बा। Awarapan 2 बॉक्स ऑफिस पs सानदार प्रदर्शन कs रहल बा। 14 अगस्त के सिनेमाघरन में रिलीज भइल ई फिलिम मात्र तीन दिन में वर्ल्डवाइड बॉक्स ऑफिस पs 100 करोड़ रुपिया के आंकड़ा पार कs लेले बिया। खास बात ई बा कि फिलिम के बजट के मुकाबले कमाई बहुते जादे हो गइल बा।

2007 में रिलीज भइल कल्ट फिलिम आवारापन के सीक्वल Awarapan 2 के निर्देशन नितिन कक्कड़ कइले बाड़ें। फिलिम में इमरान हाशमी मुख्य भूमिका में नजर आ रहल बाड़ें। रिलीज के संगे फिलिम के मुकाबला सनी देओल स्टारर बंटवारा 1947 से रहे, बाकिर इमरान हाशमी के फिलित दर्शकन के पसंद आ रहल बा।

Awarapan 2 के बॉक्स ऑफिस पs सानदार सुरुआत

रिपोर्ट के मोताबिक, Awarapan 2 रिलीज के पहिला दिन घरेलू बॉक्स ऑफिस पs करीब 21 करोड़ रुपिया कमाई के संगे खाता खोलले रहे। सनिचर के फिलिम के कमाई बढ़ के करीब 33 करोड़ रुपिया हो गइल।

अतवारो के फिलित के कारोबार मजबूत रहल। तीसरा दिन घरेलू बॉक्स ऑफिस पs फिलिम करीब 26 करोड़ रुपिया के कलेक्शन कइलस। तीन दिन में फिलिम के घरेलू नेट कलेक्शन करीब 81.75 करोड़ रुपिया पहुंच गइल।

बिदेसी बाजारन में फिलिम के जलवा

आवारापन 2 के प्रदर्शन भारत तक सीमित नइखे। बिदेसी बाजारन में फिलिम के अच्छा रिस्पॉन्स मिल रहल बा। रिपोर्ट के मोताबिक, ओवरसीज मार्केट में फिलिम करीब 12 करोड़ रुपिया के कारोबार कs चुकल बिया।

घरेलू आ बिदेशी बाजार के कमाई जोड़ला के बाद फिलिम के वर्ल्डवाइड कलेक्शन 110 करोड़ रुपिया से जादे होखे के दावा कइल गइल बा।

45 करोड़ के बजट में बनल बा फिलिम

रिपोर्ट्स के अनुसार, Awarapan 2 के निर्माण करीब 45 करोड़ रुपिया के बजट में भइल बा। रिलीज के मात्र तीन दिन में फिलिम बजट से दोगुना से जादे कमाई कs लेले बिया। एह वजह से फिलिम के बॉक्स ऑफिस प्रदर्शन इमरान हाशमी के करिअर खातिर बहुते खास मानल जा रहल बा।

हालांकि, फिलिम के अंतिम सफलता अब पूरा रन के कलेक्शन पs निर्भर करी। जदि कमाई के ई रफ्तार बरकरार रहल तs Awarapan 2 इमरान हाशमी के सबसे सफल फिलिमन में सामिल हो सकेले।

Read Also: Mumbai Kandivali Fire : मुंबई के कांदिवली में कमर्शियल बिल्डिंग में लागल आग, 11 लोग सुरक्षित रेस्क्यू

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.