UP Breaking : अखिलेश यादव के भाई प्रतीक यादव के 38 बरिस के उमिर में निधन, मौत के कारण अभी तक साफ ना

By Anurag Ranjan

Published on: May 13, 2026

लखनऊ। उत्तर प्रदेश से एगो बहुत दुखद खबर सामने आइल बा। समाजवादी पार्टी के संस्थापक आ पूर्व मुख्यमंत्री मुलायम सिंह यादव के छोट बेटा आ अपर्णा यादव के पति प्रतीक यादव के बुध के निधन

Share

Akhilesh Yadav's brother Prateek Yadav passes away at the age of 38, cause of death not yet clear

लखनऊ। उत्तर प्रदेश से एगो बहुत दुखद खबर सामने आइल बा। समाजवादी पार्टी के संस्थापक आ पूर्व मुख्यमंत्री मुलायम सिंह यादव के छोट बेटा आ अपर्णा यादव के पति प्रतीक यादव के बुध के निधन हो गइल। मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, प्रतीक यादव के मौत 38 बरिस के उमिर में भइल। एह खबर से यादव परिवार सहित पूरा राजनीतिक जगत में शोक के माहौल बा।

 


सुरुआती जानकारी के अनुसार, बुध के सबेरे करीब छव बजे प्रतीक यादव के तबीयत अचानक बिगड़ गइल, जवना के बाद उनका के लखनऊ के सिविल अस्पताल के इमरजेंसी वार्ड में भरती करावल गइल। डॉक्टर लोग जांच के बाद उनका के मृत घोषित कs दिहल। फिलहाल प्रतीक यादव के मौत के सही कारण के जानकारी अभी तक सामने नइखे आइल। अस्पताल प्रशासन अभी तक कवनो मेडिकल बुलेटिन जारी नइखे कइले।

प्रतीक यादव अपना पीछे पत्नी अपर्णा यादव आ दूगो बेटी छोड़ गइल बाड़ें। निधन के खबर मिलतही लखनऊ के सिविल अस्पताल में नेता लोगन के भीड़ जुटे लागल। बता दीं कि अपर्णा यादव उत्तर प्रदेश राज्य महिला आयोग के उपाध्यक्ष बाड़ी। पुलिस शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज देले बिया।

प्रतीक यादव राजनीति से दूर रहत रहलें। ऊ रियल एस्टेट आ फिटनेस के बिजनेस से जुड़ल रहलें। लखनऊ में ऊ “फिटनेस प्लैनेट” नाम के जिम चलावत रहलें। एकरा अलावे “जीव आश्रय” नामक संस्था के संचालन करत रहलें, जवन जानवरन के सेवा खातिर काम करेला।

बतावल जा रहल बा कि प्रतीक यादव ब्रिटेन के यूनिवर्सिटी ऑफ लीड्स से पढ़ाई कइले रहलें। ऊ हमेशा सादा जिनगी जीये खातिर जानल जात रहलें।

प्रतीक यादव आ अपर्णा यादव के बियाह 4 दिसंबर 2011 के सैफई में बहुत धूमधाम से भइल रहे। दुनो के बीच करीब दस बरिस तक रिश्ता रहे, जवन बाद में प्रेम विवाह में बदल गइल।


समाजवादी पार्टी ट्वीट कs के दुख जतवले बा आ कहलस कि “प्रतीक यादव के निधन बेहद दुखद बा। भगवान दिवंगत आत्मा के शांति देसु।”

Read Also: T20 League : यूरोप के नया टी20 लीग में भारतीयन के जलवा, राहुल द्रविड़ बनलें टीम मालिक, अश्विन संभरिहें कप्तानी

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.