लखनऊ। उत्तर प्रदेश विधान परिषद के 11 सीट पs होखे वाला चुनाव खातिर भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) छव गो आउर प्रत्याशियन के नाम के ऐलान कs दsले बिया। पार्टी वाराणसी, मेरठ, झांसी, आगरा आ गोरखपुर-फैजाबाद सहित छव सीट पs आपन उम्मीदवार उतरले बिया।
भाजपा वाराणसी स्नातक क्षेत्र से केदार नाथ सिंह, मेरठ स्नातक क्षेत्र से दिनेश गोयल, इलाहाबाद-झांसी स्नातक क्षेत्र से अशोक कुमार राठौर, वाराणसी शिक्षक क्षेत्र से डॉ. प्रमोद मिश्रा, आगरा शिक्षक क्षेत्र से इंजीनियर हरि किशोर तिवारी आ गोरखपुर-फैजाबाद शिक्षक क्षेत्र से ध्रुव त्रिपाठी के प्रत्याशी बनवले बिया।
विधान परिषद के 11 सीट पs होखे वाला चुनाव खातिर भाजपा पहिलहीं पांच प्रत्याशी के नाम के घोषणा कs चुकल बिया। अब छव गो आउर नाम के ऐलान होखला के बाद पार्टी 11 के 11 सीट खातिर आपन प्रत्याशी घोषित कs देले बिया।







No comments yet. Be the first to comment!