US-Pakistan : पेशावर में अमेरिका बंद करी वाणिज्य दूतावास, सुरक्षा चिंता से डोनाल्ड ट्रंप के बड़ा फैसला

By Anurag Ranjan

Published on: May 6, 2026

सेंट्रल डेस्क। अमेरिका पाकिस्तान में एगो बड़ कूटनीतिक डेग उठवले बा। सुरक्षा कारण बतावत अमेरिका पेशावर में इस्थित आपन वाणिज्य दूतावास के पूरा तरे से बंद करे के एलान कइले बा। ई फैसला एक झटका

Share

US Consulate Peshawar Closure

सेंट्रल डेस्क। अमेरिका पाकिस्तान में एगो बड़ कूटनीतिक डेग उठवले बा। सुरक्षा कारण बतावत अमेरिका पेशावर में इस्थित आपन वाणिज्य दूतावास के पूरा तरे से बंद करे के एलान कइले बा। ई फैसला एक झटका में ना, बलुक धीरे-धीरे चरणबद्ध तरीका से लागू होई। एह फैसला से पाकिस्तान में हलचल तेज हो गइल बा। अमेरिका साफ कs देले बा कि ओकरा खातिर आपन राजनयिकन आ कर्मचारियन के सुरक्षा सबसे जादे जरूरी बा।

अमेरिकी बिदेस विभाग के प्रवक्ता मंगल के एगो बयान जारी कs के ई जानकारी देलस। बयान में कहल गइल कि अमेरिका अब पेशावर वाणिज्य दूतावास के कामकाज हमेसा खातिर बंद कs रहल बा। अब खैबर पख्तूनख्वा प्रांत से जुड़ल सगरी कूटनीतिक कामकाज इस्लामाबाद में मौजूद अमेरिकी दूतावास से चलावल जाई।

सुरक्षा चिंता के चलते उठावल गइल ई डेग

बिदेस विभाग साफ कइले बा कि ई फैसला राजनयिक कर्मचारियन के सुरक्षा आ संसाधन के बेहतर प्रबंधन के धेयान में रख के लिहल गइल बा। पेशावर आ आसपास के इलाका में सुरक्षा इस्थिति लमहर समय से चिंता के विषय रहल बा, एकरा चलते अमेरिका कवनो तरे के जोखिम लेवे के मूड में नइखे।

का अमेरिका-पाकिस्तान संबंध पs पड़ी असर?

अमेरिका साफ कइले बा कि दूतावास बंद होखे के मतलब ई ना हs कि पाकिस्तान से ओकर कूटनीतिक संबंध खतम हो जाई। पाकिस्तान के संगे अमेरिका के नीति आ प्राथमिकता पहले जइसने मजबूत बनल रही। खैबर पख्तूनख्वा के लोग आ अधिकारियन से बातचीत जारी रही।

दोसरा शहर में जारी रही कामकाज

पेशावर से हटला के बादो अमेरिका के कूटनीतिक मिशन पाकिस्तान में सक्रिय रही। कराची, लाहौर आ इस्लामाबाद में मवजूद दूतावास आ राजनयिक मिशन पहिले जइसने काम करत रही। एह तीनो शहर से अमेरिका-पाकिस्तान संबंध के आगे बढ़ावल जाई।

Read Also: Chapra Road Accident : शादी से लवट रहल आर्केस्ट्रा टीम के ट्रक कुचललस, 4 के मौत, 6 घायल

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.