Afghanistan vs Ireland : अफगानिस्तान के वनडे क्रिकेट में ऐतिहासिक धमाका, आयरलैंड के हराके सीरीज पs जमवलस कब्जा

Afghanistan vs Ireland 4th ODI Series Win

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। अफगानिस्तान क्रिकेट टीम वनडे क्रिकेट में सानदार प्रदर्शन करत आयरलैंड के खिलाफ पांच मैच के सीरीज में 3-0 के अजेय बढ़त बना लेले बा। चउथा वनडे में अफगानिस्तान आयरलैंड के 42 रन से हरवलस। एह जीत में इब्राहिम जादरान आ सेदीकुल्लाह अटल के सानदार शतक के सबसे बड़ जोगदान रहे।

अफगानिस्तान पहिले बल्लेबाजी करत 50 ओवर में 9 विकेट पs 343 रन बनवलस, जवन ओकर वनडे इतिहास के सबसे बड़ा स्कोर हs। जवाब में आयरलैंड के टीम 48 ओवर में 301 रन पs ऑलआउट हो गइल। सीरीज के पहिला मुकाबला बरखा के चलते रद्द हो गइल रहे, जबकि अफगानिस्तान लगातार तीन मैच जीत के सीरीज अपना नावे कs लेलस। पांचवां आ आखिरी वनडे 14 अगस्त के खेलल जाई।

- Sponsored Ads-

जादरान आ अटल के शतकीय पारी से बनल रिकॉर्ड

टॉस हार के पहिले बल्लेबाजी करे उतरल अफगानिस्तान के सुरुआत खराब रहल। रहमानुल्लाह गुरबाज मात्र 12 रन बना के आउट हो गइलें। एकरा बाद इब्राहिम जादरान आ सेदीकुल्लाह अटल पारी के पूरा कमान अपना हाथ में ले लिहल लोग।

दुनो बल्लेबाज दूसरका विकेट खातिर 231 रन के सानदार साझेदारी कइल। जादरान 118 गेना में 107 रन बनवलें, जवना में 11 चौका आ एगो छक्का सामिल रहे। ओहिजा, सेदीकुल्लाह अटल 120 गेना में 143 रन के तूफानी पारी खेललें। उनका पारी में 17 चौका आ चार छक्का रहे। अटल के एह सानदार प्रदर्शन खातिर प्लेयर ऑफ द मैच चुनल गइल।

अफगानिस्तान के वनडे में सबसे बड़ स्कोर

जादरान आ अटल के शतकीय पारी के दम पs अफगानिस्तान 50 ओवर में 9 विकेट पs 343 रन के विशाल स्कोर खड़ा कइलस। ई अफगानिस्तान के वनडे क्रिकेट में अब तक के सबसे बड़ स्कोर बा। एकरा पहिले अफगानिस्तान के सबसे बड़ वनडे स्कोर 339/6 रहे, जवन टीम 2024 में श्रीलंका के खिलाफ बनवले रहे।

इब्राहिम जादरान एह मैच में एगो आउर खास उपलब्धि हासिल कइलें। ऊ वनडे क्रिकेट में 2,000 रन पूरा करे वाला अफगानिस्तान के सातवां बल्लेबाज बन गइलें। 45 पारियन में ई आंकड़ा छूके ऊ दुनिया के सबसे तेज 2,000 वनडे रन बनावे वाला बल्लेबाजन में सामिल हो गइलें।

आयरलैंड के तरफ से बालबर्नी के शतक बेकार

344 रन के लक्ष्य के पीछा करे उतरल आयरलैंड के सुरुआत ठीकठाक रहल, बाकिर टीम के मिडिल ऑर्डर अफगानिस्तान के गेंदबाजी के सामने टिक ना पावल।

ओपनर एंडी बालबर्नी सानदार शतक लगावत 119 गेना में 109 रन बनवलें। उनका पारी में 9 चौका आ 3 गो छक्का रहे। ओहिजा, कर्टिस कैम्फर 46 गेना में 84 रन के ताबड़तोड़ पारी खेल के आयरलैंड के जीत के उम्मेद जगवलें।

बाकिर कैम्फर के विकेट गिरतही आयरलैंड के पारी बिखर गइल। टीम 48 ओवर में 301 रन पs ऑलआउट हो गइल आ अफगानिस्तान 42 रन से मुकाबला जीत लेलस।

यामीन आ राशिद के सानदार गेंदबाजी

अफगानिस्तान के जीत में गेंदबाजन के अहम भूमिका रहे। यामीन अहमदजई 4 विकेट चटकवलें, जबकि स्टार स्पिनर राशिद खान 3 विकेट लेके आयरलैंड के बल्लेबाजी के कमर तुड़ देलें। अजमतुल्लाह उमरजई के खाता में 2 विकेट आइल।

राशिद खान एह मैच में 3/49 के सानदार आंकड़ा दर्ज कइलें। एह प्रदर्शन के संगही ऊ सक्रिय क्रिकेटरन में सबसे जादे विकेट लेवे वाला खिलाड़ी के टॉप-10 में पहुंच गइलें।

अब आखिरी वनडे पs नजर

चउथा वनडे जीत के अफगानिस्तान पांच मैच के सीरीज में 3-0 के अजेय बढ़त बना लेले बा। अब सीरीज के आखिरी मुकाबला 14 अगस्त के खेलल जाई। अफगानिस्तान के नजर अब सीरीज के जीत के 4-0 से खतम कइला पs होई, जबकि आयरलैंड आखिरी मैच जीत के सम्मानजनक विदाई चाही।

Read Also: Gorakhpur : गोरखपुर में शटरिंग खोलत समय हाईटेंशन तार के चपेट में आइल मजदूर, घटनास्थल पs मौत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-