Gorakhpur : गोरखपुर में शटरिंग खोलत समय हाईटेंशन तार के चपेट में आइल मजदूर, घटनास्थल पs मौत

Gorakhpur High Tension Wire Accident

Share

गोरखपुर। गोरखपुर के बड़गों वार्ड नंबर 11 में बियफे के सबेरे एगो दर्दनाक हादसा हो गइल। मकान के दूसरका मंजिल पs छत के शटरिंग खोलत घरी करीब 45 साल के एगो मजदूर 11 हजार वोल्ट के हाईटेंशन लाइन के चपेट में आ गइल। तेज करंट लगला से मजदूर बुरा तरे झुलस गइल आ घटनास्थले पs ओकर मौत हो गइल।

हादसा के बाद इलाका में अफरातफरी मच गइल। सूचना मिलतही पुलिस टीम घटनास्थल पs पहुंचल आ मृत मजदूर के पहचान करे के कोसिस सुरू कs देलस।

- Sponsored Ads-

शटरिंग खोलत घरी हाईटेंशन लाइन के चपेट में आइल मजदूर

जानकारी के मोताबिक, बड़गों वार्ड नंबर 11 में अखिल आनंद पाठक के मकान के दूसरका मंजिल पs छत के शटरिंग लागल रहे। बियफे के सबेरे कुछ मजदूर शटरिंग खोले के काम में जुटल रहे लो।

एही दौरान ऊपर से गुजरत 11 हजार वोल्ट के हाईटेंशन तार के चपेट में करीब 45 साल के मजदूर आ गइल। तेज करंट लगतही ऊ गंभीर रूप से झुलस के नीचे गिर गइल। आसपास मवजूद लोग जब तक कुछ समझ पाइत, तब ले मजदूर के मौत हो चुकल रहे।

सूचना मिलतही घटनास्थल पs पहुंचल पुलिस

हादसा के जानकारी मिलतही आसपास के लोग घटनास्थल पs जुट गइल। घटना के सूचना पुलिस के दिहल गइल, जवना के बाद आजाद नगर चौकी के पुलिस टीम मवका पs पहुंचल।

रामगढ़ताल थाना पुलिस अब मृत मजदूर के पहचान करे में जुटल बिया। एसपी सिटी निमिष पाटील बतवलें कि अभी तक मृत मजदूर के पहचान नइखे हो सकल। पुलिस घटना के पूरा जानकारी जुटावत बिया आ हादसा के कारणन के जांच कइल जा रहल बा।

11 हजार वोल्ट के तार से पहिलहूं हो चुकल बा हादसा

स्थानीय जानकारी के माेताबिक, मकान के ऊपर से गुजरत 11 हजार वोल्ट के हाईटेंशन लाइन से पहिलहू हादसा हो चुकल बा। जुलाई-अगस्त 2015 में राजकिशोर यादव के मकान के निर्माण के दौरान एगो मजदूर हाईटेंशन तार के चपेट में आ गइल रहे, जवना से ओकर मौत हो गइल रहे।

एकरा करीब 10 साल बाद 2025 में उपेंद्र यादव के मकान में निर्माण कार्य के दौरान एगो आउर मजदूर एही हाईटेंशन लाइन के चपेट में आके झुलस गइल रहे। लगातार हो रहल घटना के चलते निर्माण स्थल के आसपास हाईटेंशन लाइन से सुरक्षा के सवाल फेर उठे लागल बा।

हादसा से निर्माण स्थल पs सुरक्षा के सवाल

मकान निर्माण आ शटरिंग के काम के दौरान हाईटेंशन लाइन के नजदीकी बेहद खतरनाक हो सकेला। अइसन जगह पs काम करे वाला मजदूरन के सुरक्षा के खास इंतजाम जरूरी बा।

गोरखपुर के बड़गों में भइल ई हादसा एक बार फेर हाईटेंशन तार के आसपास निर्माण कार्य के दौरान सावधानी बरते के जरूरत के ओर ध्यान खींचत बा।

Read Also: गोरखपुर में शटरिंग खोलत समय हाईटेंशन तार के चपेट में आइल मजदूर, घटनास्थल पs मौत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-