दिनांक- 26/09/2026
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
भाद्रपद शुक्ल पक्ष
तिथि– पूर्णिमा
रात के 10 बजके 18 मिनट ले,
ओकरा बाद प्रतिपदा
दिन- सनिचर।
पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र
दिन के 11 बजके 32 मिनट ले,
ओकरा बाद उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र।
गण्ड जोग
दिन के 01 बजके 17 मिनट ले,
ओकरा बाद वृद्धि जोग।
विष्टि करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 27/09/2026
आश्विन कृष्ण पक्ष
तिथि- प्रतिपदा
रात के 08 बजके 58 मिनट ले।
दिन- अतवार।
उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र
दिन के 11 बजके 08 मिनट ले।
वृद्धि जोग
दिन के 11 बजके 16 मिनट ले।
बालव करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन कामकाज में तेजी आई। नौकरी करे वाला लोगन के नया जिम्मेदारी मिल सकेला। कारोबार में धन लाभ के मवका बन सकेला। परिवार में माहौल अच्छा रही। हालांकि बेवजह के बहस से बचीं।
वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)
वृषभ राशि वाला लोग आज आर्थिक ममिला में सोच-समझ के फैसला लेवे। पुरान निवेश से फायदा मिल सकेला। नौकरी में अधिकारी लोगन से संबंध बेहतर होई। परिवार के कवनो सदस्य के सहजोग मिली।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज रुकल काम पूरा हो सकेला। ऑफिस में राउर काम के तारीफ हो सकेला। कारोबार करे वाला लोगन के नया ग्राहक मिल सकेला। प्रेम संबंध में आपसी समझ बढ़ी। स्वास्थ्य सामान्य रही।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज भावुक होके फैसला लेवे से बचीं। काम के दबाव बढ़ सकेला, बाकिर मेहनत के अच्छा परिणाम मिली। घर-परिवार में कवनो जरूरी मुद्दा पs बातचीत हो सकेला। खरचा पs नियंत्रण रखीं।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

सिंह राशि खातिर आज के दिन आत्मविश्वास से भरल रही। नौकरी में तरक्की भा नया मवका मिल सकेला। कारोबार में लाभ के जोग बा। सामाजिक रूप से राउर मान-सम्मान बढ़ सकेला। स्वास्थ्य के लेके लापरवाही मत करीं।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज योजना बनाके काम कइल रउआ खातिर फायदेमंद रही। आर्थिक इस्थिति में सुधार के संकेत बा। नौकरी खोजे वाला लोगन के अच्छा खबर मिल सकेला। परिवार में सुख-शांति बनल रही।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज काम के सिलसिला में जतरा करे के पड़ सकेला। नया लोगन से मुलाकात भविष्य में फायदा दे सकेला। कारोबार में सावधानी से निवेश करीं। प्रेम जिनगी में बातचीत से गलतफहमी दूर हो सकेला।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

वृश्चिक राशि के जातक आज धैर्य बनवले रखे लोग। अचानक कवनो जरूरी खरचा सामने आ सकेला। ऑफिस में सहजोगी लोगन के मदद मिली। परिवार के संगे समय बितावे से मन खुस रही।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ल रही। नौकरी आ कारोबार में आगे बढ़े के मवका मिल सकेला। आर्थिक रूप से दिन ठीक रही। विद्यार्थी लोग पढ़ाई में अच्छा प्रदर्शन कs सकेला। कवनो पुरान संघतिया से मुलाकात हो सकेला।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

मकर राशि वाला लोग आज काम में बाझल रह सकेला। मेहनत के परिणाम देर से मिलल, तs निराश मत होईं। पईसा के लेन-देन में सावधानी जरूरी बा। परिवार में कवनो सदस्य के सलाह काम आ सकेला।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिन कुंभ राशि खातिर सकारात्मक बदलाव लेके आ सकेला। नौकरी में नया जिम्मेदारी भा भूमिका मिल सकेला। कारोबार में फायदा होई। प्रेम संबंध में नजदीकी बढ़ी। स्वास्थ्य अच्छा रखे खातिर आराम जरूरी बा।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

मीन राशि वाला लोग आज मन के बात पs काबू रखीं। भावनात्मक फैसला लेवे से बचीं। आर्थिक इस्थिति सामान्य रही। कामकाज में सफलता खातिर धैर्य आ मेहनत जरूरी बा। परिवार के संगे समय बितावे से मानसिक सुकून मिली।
Read Also: IND vs WI : केतना बजे सुरू होई भारत-वेस्टइंडीज के पहिला वनडे, सही टाइम नोट कs लीं, ना तs छूट जाई मैच







No comments yet. Be the first to comment!