दिनांक- 10/08/2026
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
श्रावण कृष्ण पक्ष
तिथि– द्वादशी
दिन के 08 बजके 01 मिनट ले,
ओकरा बाद त्रयोदशी।
दिन- सोमार।
आद्रा नक्षत्र
दिन के 12 बजके 26 मिनट ले,
ओकरा बाद पुनर्वसु नक्षत्र।
वज्र जोग
रात के 10 बजके 26 मिनट ले,
ओकरा बाद सिद्धि जोग।
तैतिल करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 11/08/2026
श्रावण कृष्ण पक्ष
तिथि- चतुर्दशी
रात के 01 बजके 53 मिनट ले।
दिन- मंगर।
पुनर्वसु नक्षत्र
दिन के 10 बजके 09 मिनट ले।
सिद्धि जोग
सांझ के 06 बजके 51 मिनट ले।
विष्टि करण।

आज आर्थिक ममिला में सुधार के संकेत बा। पुरान रुकल काम पूरा हो सकेला। परिवार के संगे समय बितावे से मन खुस रही। निवेश भा बड़ खर्च सोच-समझ के करीं।
आज नया लोग से मुलाकात फायदेमंद हो सकेला। नौकरी में आगे बढ़े के मवका मिली। बातचीत के दौरान आपन बात साफ तरीका से रखीं। फिजूल खरचा पs नियंत्रण रखल जरूरी बा।
आज परिवार के सहजोग से जरूरी काम पूरा हो सकेला। नौकरी में अधिकारियन से मदद मिली। मन में कवनो बात के लेके चिंता हो सकेला, बाकिर धैर्य रखीं। सेहत पs ध्यान दीं।


आज काम के दबाव बढ़ सकेला। जरूरी फैसला जल्दबाजी में मत लीं। मेहनत के बल पs कठिन काम पूरा हो सकेला। परिवार के सहजोग से मनोबल बढ़ी।









