04 मई 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: May 4, 2026

दिनांक- 04/05/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष तिथि- तृतीया सबेरे के 05 बजके 24 मिनट ले, ओकरा बाद चतुर्थी। दिन- सोमार। अनुराधा नक्षत्र दिन के 09 बजके 57 मिनट ले, ओकरा

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 04/05/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि- तृतीया

सबेरे के 05 बजके 24 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्थी।

दिन- सोमार।

अनुराधा नक्षत्र

दिन के 09 बजके 57 मिनट ले,

ओकरा बाद ज्येष्ठा नक्षत्र।

परिघ जोग

रात के 11 बजके 19 मिनट ले,

ओकरा बाद शिव जोग।

वणिज करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 05/05/2026

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि- चतुर्थी

समस्त।

दिन- मंगर।

ज्येष्ठा नक्षत्र

दिन के 12 बजके 54 मिनट ले।

शिव जोग

रात के 12 बजके 16 मिनट ले।

बव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

ऑफिस के काम जिम्मेदारी से करीं। बेयपार में उत्तम धन लाभ होई। घर में उत्साह के माहौल रही। जुवा वर्ग के नौकरी के ऑफर मिल सकत बा। बेवसाय में निवेश खातिर आज के दिन शुभ बा। जीवन साथी के तरफ उपहार मिल सकत बा। जतरा आ देशाटन के स्तिथि सुखद आ उत्साह बढ़ावे आला होई। संतान के बेवहार से चिंता हो सकेला। संबंधित अधिकारी के सहजोग रही।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर शानदार रहे वाला बा। नौकरी के नाया ऑफर मिल सकत बा। बेवसाय के लेके कइल गइल योजना लाभदायक होई। राजनीतिक क्षेत्र से जुड़ल लोगन के पद मिल सकत बा। प्रेमी जोड़ा लमहर यात्रा प जा सकत बा।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज रउआ कवनो गुड न्यूज़ मिल सकत बा। परिवार में धार्मिक कार्यक्रम के आयोजन हो सकत बा। संतान के तरफ से निम्मन खबर मिल सकत बा। बेवसायिक योजना फलीभूत होई। जतरा प जाये के योजना बन सकत बा। जीवनसाथी से अनबन हो सकत बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

धार्मिक कामन के प्रति लगाव होई। सामाजिक कामन में बढ़ चढ़के हिस्सा लेम। बेवसाय में निवेश करे खातिर आज के दिन उत्तम बा। माई-बाबूजी के स्वास्थ के खेयाल राखीं। जीवन साथी के तरफ से निम्मन खबर मिल सकेला।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

काम में आइल बाधा से परेसान हो सकत बानी। रहन-सहन असंतुलित रही। वाद-विवाद से बांची। कानूनी ममिलन में फंस सकत बानी। बेवसाय में निवेश करे से पहिले सोच विचार लीं, नुकसान हो सकत बा। जीवन साथी से खटपट हो सकत बा।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज रउआ बहुत सतर्क रहला के जरूरत बा। बेवसाय में नुकसान हो सकत बा। ऑफिस में टारगेट पूरा ना होखला से परेसान हो सकत बानी। जरूरी ना होखे त जतरा करे से बांची। जीवन साथी के स्वास्थ खराब हो सकत बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिने रउआ मध्यम रूप से फलदायी रहे वाला बा। सरकारी नौकरी के तइयारी कर रहल जुवा लोगन के निम्मन खबर मिल सकत बा। साँझ के परिवार के संगे शॉपिंग प जाये के प्लान बना सकत बानी।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। घर में मांगलिक कार्यक्रम के आयोजन हो सकत बा। कवनो काम के पूरा होखला से मन खुस रह सकेला।  बेवसाय में निवेश करे खातिर आज के दिन शुभ बा। लवमेट के तरफ से कवनो उपहार मिल सकेला।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आत्मविश्वास में बढ़न्ती होई। धार्मिक कामन में मन लागी। भौतिक सुख सुविधा में बढ़न्ती होई। बेवसाय में निवेश करे से पहिले विशेषज्ञन से राय मशवरा लीं। जीवन साथी के संगे घूमे जाये के प्लान बना सकत बानी। बेवसाय में धन लाभ क जोग बन सकत बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर बहुत शानदार रहे वाला बा। आज राउर कवनो लमहर समय से अटकल काम पूरा हो सकत बा। संघतिया के तरफ से कवनो तोहफा मिल सकत बा। प्रेमी के संगे फिलिम देखे के योजना बन सकत बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। घर में धार्मिक कार्यक्रम के आयोजन हो सकत बा। आज राउर सामाजिक पद प्रतिष्ठा में बढ़न्ती होई। नौकरी में इंक्रीमेंट लगला से मन खुस रही। जीवन साथी के स्वास्थ के खेयाल राखीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

नया बेवसाय सुरू करे खातिर आज के दिन शुभ रही। घर में रिश्तेदारन के आगमन हो सकत बा। सरकारी नौकरी के तइयारी कर रहल जुवा करियर संबंधित निम्मन खबर मिल सकत बा। जीवन साथी के भावना के खेयाल राखीं।

Read Also: Chennai Airport Incident : चेन्नई एयरपोर्ट पs अजीब घटना, चलत जहाज से कूद गइल यात्री, एक घंटा बंद रहल रनवे

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.