Yayawari Bhojpuri Mahotsav : यायावरी भोजपुरी महोत्सव में देस-दुनिया के साहित्यकारन के होई जुटान, पद्मश्री भरत सिंह भारती के मिली शिखर सम्मान

By Anurag Ranjan

Published on: May 14, 2026

गोरखपुर। भोजपुरी भाषा के मान-सम्मान, विकास, स्वाभिमान आ संरक्षण खातिर “यायावरी भोजपुरी महोत्सव 2026” के आयोजन 18 मई के शहर के गोकुल अतिथि भवन में होई। एह महोत्सव में राज्यसभा सांसद राधामोहन दास अग्रवाल मुख्य

Share

गोरखपुर। भोजपुरी भाषा के मान-सम्मान, विकास, स्वाभिमान आ संरक्षण खातिर “यायावरी भोजपुरी महोत्सव 2026” के आयोजन 18 मई के शहर के गोकुल अतिथि भवन में होई। एह महोत्सव में राज्यसभा सांसद राधामोहन दास अग्रवाल मुख्य अतिथि के रूप में सामिल होइहें, जबकि चर्चित कवि प्रकाश उदय विशिष्ट अतिथि बनिहें। वरिष्ठ लोकगायक आ पद्मश्री भरत सिंह भारती के साल 2026 के “यायावरी शिखर सम्मान” से नवाजल जाई।

महोत्सव में भोजपुरी भाषा से जुड़ल कई गो विषयन पs गंभीर बतकही, संस्कृति, विचार आ संगीत के रंग देखे के मिली। सांझ के सत्र में आपन सुर से देस-दुनिया में पहचान बना चुकल लोकगायिका चंदन तिवारी राम भजन पेश करिहें।

सात सत्रन में सजी महोत्सव

सबेरे 10:30 बजे उद्घाटन सत्र होई। दूसरका सत्र में “भोजपुरी कथा संसार में गांव” विषय पs डीडीयू गोरखपुर विभाग के अध्यक्ष विमलेश कुमार मिश्र, डॉ. फुलचंद प्रसाद गुप्ता आ आदित्य राजन चर्चा करी लो।

तीसरका सत्र में रंजन कुमार त्रिपाठी, अश्विनी दुबे आ श्रीश कुमार पाठक “भोजपुरिया एलीट आ माई भाषा से नेह-छोह” विषय पs आपन विचार रखी लो।

भोजपुरिया माटी के आधी दुनिया पs होई चरचा

चउथा सत्र में “भोजपुरिया माटी के आधी दुनिया” विषय पs डाॅ. विनिता पाठक, अमिता तिवारी आ दिव्या सिंह महिलन के सहभागिता पs बातचीत करी लो।

पांचवां सत्र में “भोजपुरी के औपन्यासिकता आ रहस्य-रोमांच के संभावना” पs त्रिलोकनाथ पांडेय, डॉ. हर्ष कुमार सिन्हा और विमल चंद्र पांडेय मंथन करी लो।

मनोरंजन के दुनिया में पुरबी बयार पs होई वार्ता

छठवां सत्र में प्रख्यात गीतकार डॉ. सागर और एसोसिएट प्रोफेसर डॉ. मुन्ना कुमार पांडेय “मनोरंजन के दुनिया में पुरबी बयार” विषय पs चरचा करी लो।

सातवां आ समापन सत्र में लोकगायिका चंदन तिवारी “राम भजन संध्या” में अपना प्रस्तुति से दर्शकन के मंत्रमुग्ध करिहें। एह संगीत सत्र के संचालन आमोद कुमार राय करिहें।

महोत्सव के समन्वयक गाैरव मणि त्रिपाठी भोजपुरी प्रेमियन से एह आयोजन में सामिल होखे आ महोत्सव के सफल बनावे के अपील कइले बाड़ें। ऊ बतवलें कि महोत्सव में प्रवेश पूरा तरे निःशुल्क रही।

भोजपुरी संगीत के संरक्षण खातिर बेहतरीन योगदान देवे वाला वरिष्ठ लोकगायक भरत सिंह भारती के “यायावरी शिखर सम्मान 2026” से सम्मानित कइल जाई। ऊ पिछला 76 बरिस से भोजपुरी गीत-संगीत खातिर लगातार काम करत आ रहल बाड़ें। भरत सिंह भारती बिहार के भोजपुर जिला के निवासी बाड़ें।

Read Also: 14 मई 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.