यूपी: गोरखपुर में मुस्लिम समुदाय के धर्मगुरु लोग के बड़ पहल, होली वाला दिन जुम्मा के नमाज के समय बदलल

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 11, 2025

यूपी के गोरखपुर में शुक के दिने होली पर्व के चलते जुम्मा के नमाज के समय बदल दिहल गइल बा. उलमा ए किराम अवुरी दरगाह मुबारक खान शहीद समिति जुमा के नमाज के लेके एगो

Share

यूपी के गोरखपुर में शुक के दिने होली पर्व के चलते जुम्मा के नमाज के समय बदल दिहल गइल बा. उलमा ए किराम अवुरी दरगाह मुबारक खान शहीद समिति जुमा के नमाज के लेके एगो महत्वपूर्ण फैसला लेले बिया। शुक (14 मार्च) के होली के मौका पs शुक के नमाज दुपहरिया 2 बजे के बाद कईल जाई।

पूरा बात का बा?


उल्लेखनीय बा कि होली के परब 14 मार्च (शुक) के बा। एह दिन जुमा के नमाज भी होला आ रमजान के महीना भी चलत रहेला। अयीसना में गोरखपुर के मुस्लिम धार्मिक नेता एगो अद्भुत पहल कईले बाड़े अवुरी कहले बाड़े कि शुक के दुपहरिया के नमाज 2 बजे के बाद कईल जाई। 

दरगाह मुबारक खान शहीद आस्ताना में मुस्लिम समुदाय के धार्मिक नेता लोग एगो महत्वपूर्ण बैठक के आयोजन कईले। जिला के सगरी उलेमा-ए-किराम आ मस्जिद के इमाम साहेबान एहमें भाग लिहले. एह बइठक में एह बात पs सहमति बनल कि देश आ राज्य में भाईचारा के कायम राखे खातिर होली के परब 14 मार्च के पावत रमजान महीना में पड़ रहल बा, जुम्मा भी ओही दिन बा। एही कारण से होली के त्यौहार के देखत मुस्लिम समुदाय जुमा के नमाज के समय के दु घंटा आगे बढ़ावे के फैसला कईले बा।

आपसी भाईचारा आ शांति कायम राखे खातिर ई फैसला लिहल गइल बा. अइसना में गोरखपुर शहर आ आसपास के मस्जिदन में दुपहरिया दू बजे से जुमा के नमाज पढ़ल जाई. एह दौरान मुफ़्ती खुर्शीद साहब, मुफ़्ती मुनुव्वर रजा, मुफ़्ती मेराज कादरी, मुफ़्ती अजहर सम्सी, मुफ़्ती मन्नानी अख्तर हुसैन, मुफ़्ती अहमद रजा कादरी, कारी आबिद निजामी, कारी मोहसिन साहब मौलाना रियाजुद्दीन कादरी, मौलाना मोहम्मद फिरोज अहमद, मौलाना मोहम्मद अशरफ अख्तर हुसैन मोहम्मद मौलाना अफजल बरकती, मौलाना मोहम्मद अब्बास कादरी, मौलाना आलम मिस्बाही, मोहम्मद मोहसिन, रजा मकसूद आदि सब विद्वान आ कई गो इमाम मौजूद रहले।

इहो पढ़ीं; भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.