Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

U19 World Cup: उदय सहारन आ सचिन दास के जोड़ी बनवलस वर्ल्‍ड रिकॉर्ड

भारतीय अंडर-19 टीम के कप्‍तान उदय सहारन आ सचिन दास के जोड़ी मंगर के अंडर-19 वर्ल्‍ड कप 2024 के सेमीफाइनल में दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ वर्ल्‍ड रिकॉर्ड बनवलस। दुनु बल्‍लेबाज लो पाँचवा विकेट खातिर 171 रन के साझेदारी कइलस। भारत दक्षिण अफ्रीका के 2 विकेट से मात देके लगातार पांचवा बेर अंडर-19 वर्ल्‍ड कप फाइनल मे प्रवेश कइले बा। 

1,235

भारतीय अंडर-19 क्रिकेट टीम मंगर के बेजोर प्रदर्शन करत आईसीसी अंडर-19 वर्ल्‍ड कप 2024 के सेमीफाइनल में दक्षिण अफ्रीका के 2 विकेट से मात देलस। भारतीय टीम लगातार पांचवीं बार अंडर-19 वर्ल्‍ड कप फाइनल में प्रवेश कइले बा। सहारन-दास के जोड़ी युवा क्रिकेट में पांचवा विकेट खातिर सबसे बड़का साझेदारी के वर्ल्‍ड रिकॉर्ड अपना नावे करऽ चुकल बा।

दिगजन लो के पीछा छोड़ले

उदय सहारन आ सचिन दास मजबूत साझेदारी कऽ के बांग्‍लादेश के जोड़ी के वर्ल्‍ड रिकॉर्ड तऽ गिरा देले ओकरा बाद बांग्‍लादेश के तौहिद ह्दय आ शमीम हुसैन एकरा पहिले पांचवां विकेट खातिर 161 रन के साझादारी कइले रहले।

उहे, भारत के ओर से पांचवां विकेट खातिर सबसे बड़ साझेदारी के रिकॉर्ड सरफराज खान आ रिकी भुई के नांवे लिखाइल रहे। खान आ भुई पांचवां विकेट खातिर 159 रन जोड़ले रहे। अब उदय सच‍िन ई दुनु जोड़‍ियन के पीछे छोड़त इतिहास के पन्ना में अपना नांव दर्ज करा लेले बा।

मैच के हाल

उदय सहारन (81) आ सचिन दास (96) के शानदार पारियन के बदौलत भारतीय टीम मंगर के दिने आईसीसी अंडर-19 वर्ल्‍ड कप 2024 के सेमीफाइनल में दक्षिण अफ्रीका से 13 गेंद बाकि रहते दू विकेट से मैच जीत लेलस।

भारत बेनोनी में खेलल गइल सेमीफाइनल में पहिले गेंदबाजी के फैसला लेलस। दक्षिण अफ्रीका पहिले बल्‍लेबाजी के आ निरधारित कइल गइल 50 ओवर में सा‍त विकेट गवां के 228 रन बनवलऽ। जवाब में भारत 48.5 ओवर में 8 विकेट गवां के लक्ष्य हासिल कइसल। भारत के अंडर-19 वर्ल्‍ड कप के फाइनल में पाक आ ऑस्‍ट्रेलिया के मैच विजेता से भिड़त होई।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.