Telecom Regulation: ट्राई के बड़ फैसला: बिना डेटा वाला प्लान के विकल्प मिली

By Gaurav Mani Tripathi

Published on: Sep 22, 2026

नई दिल्ली: भारतीय दूरसंचार नियामक प्राधिकरण यानी ट्राई (TRAI) कम आमदनी वाला मोबाइल उपभोक्तन खातिर एगो महत्वपूर्ण कदम उठवले बा। ट्राई दूरसंचार सेवा देवे वाली कंपनियन के निर्देश दिहले बा कि ऊ लोग कम अवधि

Share

Trai

नई दिल्ली: भारतीय दूरसंचार नियामक प्राधिकरण यानी ट्राई (TRAI) कम आमदनी वाला मोबाइल उपभोक्तन खातिर एगो महत्वपूर्ण कदम उठवले बा। ट्राई दूरसंचार सेवा देवे वाली कंपनियन के निर्देश दिहले बा कि ऊ लोग कम अवधि वाला सिर्फ वॉइस कॉल आ एसएमएस के प्लान उपलब्ध कराईं। एह प्लान में डेटा शामिल ना होई आ टैरिफ में भी उचित कमी करे के होई। एह फैसला से ओह लोग के फायदा हो सकेला, जे मोबाइल डेटा के इस्तेमाल कम करेला आ खाली कॉल आ एसएमएस खातिर रिचार्ज करावे ला।

ट्राई के दूरसंचार उपभोक्ता संरक्षण (तेरहवां संशोधन) विनियम, 2026 के तहत सेवा प्रदातन के 30 दिन भा ओकरा से कम वैधता वाला केवल वॉइस आ एसएमएस एसटीवी यानी विशेष टैरिफ वाउचर पेश करे के होई। साथही, मौजूदा वॉइस, एसएमएस आ डेटा वाला एसटीवी के वैधता के हिसाब से टैरिफ में उचित कमी करे के भी निर्देश बा।

काहे पड़ल जरूरत?

ट्राई के मुताबिक, 2024 के संशोधन लागू भइला के बाद बाजार में केवल वॉइस आ एसएमएस वाला प्लान के विकल्प सीमित हो गइल रहे। ज्यादातर प्लान लंबा वैधता वाला रहलें। एहसे कम आमदनी वाला उपभोक्तन के छोट अवधि वाला सस्ता विकल्प आसानी से उपलब्ध ना हो पा रहल रहे।

का होई नया व्यवस्था?

अब कंपनियन के एगो अइसन केवल वॉइस आ एसएमएस प्लान भी देवे के होई, जे हर महीना एके तारीख के रिन्यू हो सके। अगर कवनो महीना में ऊ तारीख ना होखे, त रिन्यूअल ओह महीना के आखिरी तारीख के होई।

साथही, कम अवधि आ मासिक प्लान के अलावा कम से कम एगो लंबा वैधता वाला केवल वॉइस आ एसएमएस प्लान भी उपलब्ध करावे के होई।

एह बदलाव से कम आमदनी वाला उपभोक्ता, बुजुर्ग आ डेटा के जरूरत ना रखे वाला लोग अपना जरूरत आ बजट के हिसाब से रिचार्ज प्लान चुन सकेला। एहसे मोबाइल सेवा में अधिक विकल्प आ लचीलापन मिले के उम्मीद बा।

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.