जेवर के नोएडा इंटरनेशनल एयरपोर्ट पs आज उतरी पहिलका फ्लाइट, कब से सेवा होई शुरू?

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 9, 2024

नोएडा अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा जल्दिए देश के सबसे बड़ हवाई अड्डा के रूप में उभरी। आज यानी 9 दिसंबर के पहिला व्यावसायिक उड़ान हवाई अड्डा के रनवे पs उतरी।  हवाई अड्डा के अधिकारी लोग के

Share

जेवर के नोएडा इंटरनेशनल एयरपोर्ट

नोएडा अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा जल्दिए देश के सबसे बड़ हवाई अड्डा के रूप में उभरी। आज यानी 9 दिसंबर के पहिला व्यावसायिक उड़ान हवाई अड्डा के रनवे पs उतरी।  हवाई अड्डा के अधिकारी लोग के कहल बा कि डीजीसीए के ओर से ग्रीन सिग्नल के बाद रनवे के परीक्षण कईल जाता।  एकरा खातिर सगरी तइयारी हो गइल बा. पहिले सोमार के सबेरे एगारह बजे उतरे के रहे बाकिर अब एकर समय फेर से तय हो गइल बा आ अब ई उड़ान परीक्षण के तौर पs दुपहरिया दू बजे हवाई अड्डा पs उतरी.

नाइल के अधिकारी के मुताबिक भारतीय एयरपोर्ट अथॉरिटी के विमान नोएडा अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पs उतरी।  रनवे पs विमान के लैंडिंग अवुरी टेक ऑफ के माध्यम से ट्रायल प्रक्रिया पूरा होई। हवाई अड्डा पs एह विमान के उड़ान भरला के परीक्षण सोमार से यानी 9 दिसंबर से शुरू हो रहल बा जवन 15 दिसंबर ले जारी रही।

कहां-कहां खातीर फ्लाइट्स

एह हवाई अड्डा पs अप्रैल से शुरू होखे वाला 60 गो घरेलू उड़ान होखी. एकरा खातीर इंडिगो अवुरी अकासा के संगे कांट्रैक्ट भईल बा।  घरेलू सेवा में लखनऊ, अहमदाबाद, वाराणसी, चेन्नई, जयपुर, हैदराबाद, मुंबई आदि प्रमुख शहरन के हवाई सेवा होई।  ज्यूरिख, सिंगापुर  आ दुबई खातिर अंतर्राष्ट्रीय उड़ान के साथे दू गो कार्गो सेवा शुरू होखी.

इहो पढ़ीं:अस्थमा आ सांस के समस्या से बानी पीड़ित, तs कइल सुरु कs दी एह 4 गो प्राणायाम

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.