सुप्रीम कोर्ट में जूनियर कोर्ट असिस्टेंट भर्ती खातिर नोटिफिकेशन जारी, एह तारीख से शुरू हो जाई आवेदन; पढ़ीं पूरा डिटेल

By Shweta Supriya

Published on: Oct 1, 2026

नई दिल्ली। देश के सर्वोच्च न्यायालय सुप्रीम कोर्ट में सरकारी नौकरी पावे के सुनहरा मौका बा। सुप्रीम कोर्ट ऑफ इंडिया के ओर से जूनियर कोर्ट असिस्टेंट के खाली पद प भर्ती खातिर नोटिफिकेशन जारी कइल

Share

नई दिल्ली। देश के सर्वोच्च न्यायालय सुप्रीम कोर्ट में सरकारी नौकरी पावे के सुनहरा मौका बा। सुप्रीम कोर्ट ऑफ इंडिया के ओर से जूनियर कोर्ट असिस्टेंट के खाली पद प भर्ती खातिर नोटिफिकेशन जारी कइल गइल बा। अधिसूचना के मुताबिक, एह भर्ती खातिर ऑनलाइन आवेदन प्रक्रिया 7 अक्टूबर से शुरू हो जाई, जेकर अंतिम तारीख 28 अक्टूबर 2026 तय कइल गइल बा। भर्ती में शामिल होखे खातिर ऑनलाइन आवेदन कइल जा सकेला।

Supreme Court JCA Recruitment 2026: के कर सकेला एह भर्ती खातिर अप्लाई?

एह भर्ती में शामिल होखे खातिर अभ्यर्थी के भारत के कवनो मान्यता प्राप्त यूनिवर्सिटी से स्नातक पास होखल जरूरी बा। एकरा साथे अभ्यर्थी के कंप्यूटर चलावे के जानकारी आ कंप्यूटर प 35 शब्द प्रति मिनट के टाइपिंग स्पीड के ज्ञान होखे के चाहीं। एकरा अलावा 1 सितंबर 2026 के आधार प अभ्यर्थी के न्यूनतम उमिर 18 साल से कम ना होखे आ अधिकतम उमिर 30 साल से जादे ना होखे के चाहीं। ऊपरी उमिर सीमा में आरक्षित वर्ग के अभ्यर्थियन के नियमानुसार छूट दिहल जाई।

Junior Court Assistant Recruitment: सिलेक्शन प्रक्रिया

एह भर्ती में आवेदन करे वाला उम्मीदवारन के पहिले ऑब्जेक्टिव टाइप टेस्ट से गुजरे के पड़ी। ई परीक्षा 100 अंक के होई, जवना में क्वालीफाई करे खातिर 50 अंक हासिल कइल जरूरी होई। जे उम्मीदवार एह परीक्षा में सफल होइहें, ओह लोग के टाइपिंग टेस्ट आ ओकरा बाद इंटरव्यू प्रक्रिया में शामिल होखे के मौका मिली। सभे चरण में सफल उम्मीदवारन के रिक्त पद पर नियुक्ति दिहल जाई।

केतना मिली वेतन

एह भर्ती में चयनित होखे वाला उम्मीदवारन के लेवल 6 के मुताबिक शुरुआती वेतन 35,400 रुपया के साथे अउरी भत्ता दिहल जाई। भर्ती से जुड़ल विस्तृत जानकारी खातिर अभ्यर्थी एक बेर आधिकारिक नोटिफिकेशन के जरूर देख लीं।

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.