संतकबीरनगर। कोतवाली खलीलाबाद इलाका के भगठान (गोसाईपुर) गांव में मंगर के पुरान रंजिश में जिला केसरी के खिताब से सम्मानित मशहूर पहलवान ब्रह्मानंद यादव के पीट-पीट के हत्या कs दिहल गइल। आरोप बा कि गिठनी बाजार जाये के दौरान पहिले से घात लगा के बइठल आरोपी उनकर बाइक रोक लेले सs आ आंख में लाल मरीचा के पाउडर डाल देलें सs। एकरा बाद लाठी-डंडा आ फरसा से ताबड़तोड़ हमला कs दिहल गइल।
गंभीर रूप से घायल ब्रह्मानंद यादव के पहिले सीएचसी खलीलाबाद ले जाइल गइल। हालत गंभीर देख चिकित्सक उनका के जिला अस्पताल रेफर कs दिहल। जिला अस्पताल में जांच के बाद डॉक्टर उनका के मृत घोषित कs देलें। घटना के बाद गांव में तनाव के माहौल बन गइल बा।
मृतक के भाई रामाकांत यादव पुलिस के दिहल तहरीर में बतवलें कि उनकर 35 साल के छोट भाई ब्रह्मानंद यादव दुपहरिया करीब 2:50 बजे बाइक से महुली थाना क्षेत्र के गिठनी बाजार जात रहलें। गांव में राकेश यादव के घर के सामने पहुंचतही राकेश यादव, छबिराम, अजय आ अभिमन्यु यादव उनकर बाइक रोक लिहल।
आरोप बा कि चारो लोग ब्रह्मानंद के आंख में लाल मरीचा पाउडर डाल के जमीन पs गिरा दिहल। एकरा बाद लाठी-डंडा आ फरसा से उनकर पिटाई कइल गइल। उनकर चीख सुन के आसपास के लोग आ परिवार के सदस्य मवका पs पहुंचल। लोगन के आवत देख आरोपी भाग निकललें सs।
Sant Kabir Nagar : गिरफ्तारी के मांग करत सड़क पs रखल गइल शव
ब्रह्मानंद के मौत के बाद परिवार के लोग आरोपियन के गिरफ्तारी के मांग करत पोस्टमार्टम करावे से मना कs दिहल। बाद में शव के खलीलाबाद बाईपास पs रख के जाम लगा दिहल गइल।
सूचना मिलतही एएसपी सुशील कुमार सिंह, सीओ प्रियम राजशेखर पांडेय आ कोतवाली प्रभारी जय प्रकाश दुबे पुलिस बल के संगे पहुंचल लो। करीब 20 मिनट बातचीत के बाद अधिकारी लोग आरोपियन के जल्द गिरफ्तारी के भरोसा दिहल। एकरा बाद परिवार शव पुलिस के सउप देलस आ आवागमन बहाल हो गइल।
पुलिस के मोताबिक, मृतक के भाई के तहरीर पs चार लोग के खिलाफ मुकदमा दर्ज कइल गइल बा। आरोपियन के गिरफ्तारी खातिर पुलिस छापेमारी करत बिया। एएसपी सुशील कुमार सिंह कहलें कि हत्या में सामिल सब आरोपियन के जल्दिये गिरफ्तार कs के जेल भेजल जाई।







No comments yet. Be the first to comment!