सलमान खान के फेर मिलल धमकी , वर्ली पुलिस दर्ज कइलस मामला

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 14, 2025

बॉलीवुड के सुपरस्टार अभिनेता सलमान खान के एक बेर फेरु जान से मारे के धमकी मिल गइल बा. बतावल जाता कि मुंबई के वोर्ली में ट्रैफिक विभाग के व्हाट्सएप नंबर पs धमकी भेजल जाता। ई

Share

सलमान खान के फेर मिलल धमकी

बॉलीवुड के सुपरस्टार अभिनेता सलमान खान के एक बेर फेरु जान से मारे के धमकी मिल गइल बा. बतावल जाता कि मुंबई के वोर्ली में ट्रैफिक विभाग के व्हाट्सएप नंबर पs धमकी भेजल जाता। ई पहिला बेर नइखे कि सलमान खान के अइसन धमकी मिलल बा. एकरा से पहिले भी सलमान खान के कई बेर धमकी दिहल गईल बा। फिलहाल पुलिस एs मामला में कार्रवाई शुरू कs देले बिया अवुरी एगो अनजान आदमी के खिलाफ मामला भी दर्ज कs देले बिया। अबे ले इs साफ नईखे कि धमकी के भेजता।m

सलमान खान के जान से मारे के धमकी मिलल

अभिनेता सलमान खान के घर में घुस के जान से मारे के धमकी दिहल गइल बा. एह धमकी में अभिनेता सलमान खान के गाड़ी के बम से उड़ावे के बात हो रहल बा. अज्ञात फोन करेवाला के खिलाफ वर्ली थाना में मामला दर्ज हो गईल बा। पुलिस एs मामला में कार्रवाई करत अनजान आदमी के बारे में पता लगावे के कोशिश करतिया। फिलहाल एs मामला में सलमान खान चाहे उनुकर परिवार के ओर से कवनो आधिकारिक जानकारी नईखे दिहल गईल।

इहो पढ़ीं: जम्मू-कश्मीर में पिकनिक पs जा रहल छात्रन के बस दुर्घटनाग्रस्त, एक के मउत, 15 घायल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.