सचिन खिलारी सिल्‍वर जीत के देश के दिअवले 21वां मेडल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 4, 2024

बुध के दिने पेरिस पैरालंपिक में भारत आपन 21वां पदक जीत लेलस। मेस गोला फेंक स्पर्धा के फाइनल में सचिन सरजेराव खिलारी 16.32 मीटर के सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन के साथे रजत पदक जीतले। सचिन दुसरका प्रयास

Share

Olympic

बुध के दिने पेरिस पैरालंपिक में भारत आपन 21वां पदक जीत लेलस। मेस गोला फेंक स्पर्धा के फाइनल में सचिन सरजेराव खिलारी 16.32 मीटर के सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन के साथे रजत पदक जीतले। सचिन दुसरका प्रयास में आपन बेहतरीन प्रदर्शन कइलन आ भारत खातिर पदक सुनिश्चित कर दिहलन। एही स्पर्धा में भारत के मोहम्मद यासर आठवाँ आ रोहित कुमार नौवाँ स्थान पर रहलें।

पैरालंपिक में भारत के प्रदर्शन लगातार बढ़िया बा। बुध के दिने भारत रजत पदक से आपन पदक खाता खोल दिहलस। पुरुष एफ46 मेस गोला फेंक स्पर्धा में सचिन सरजेराव खिलारी 16.32 मीटर के सर्वश्रेष्ठ फेंक के रजत पदक जीत लिहले। सचिन स्वर्ण पदक जीते से 0.06 मीटर से चूक गइले। सचिन खुद दूसरा प्रयास में 16.32 मीटर फेंकले।

गोला फेंक इवेंट में कनाडा के ग्रेग स्टीवर्ट 16.38 मीटर के सर्वश्रेष्ठ फेंक के स्वर्ण पदक जीतले। एह स्पर्धा में भारत के मोहम्मद यासर आठवाँ आ रोहित कुमार नौवाँ जगहा पर रहलें। फाइनल में सचिन के पहिला प्रयास 14.72 मीटर रहल। दूसरा प्रयास में सचिन गेंद 16.32 मीटर फेंकले। तीसरा प्रयास 16.15 मीटर, चउथा प्रयास 16.31 मीटर, पांचवा प्रयास 16.03 मीटर आ आखिरी प्रयास 15.95 मीटर रहल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.