Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एकरा से सस्ता ना मिली 43 इंच के स्मार्ट टीवी, आधा कीमत पs पहुंची घरे

जदि रउआ IPL देखे खातिर बड़ टीवी किनल चाहत बानी तs आज हमनी के एगो बढ़िया डील के बारे में रउआ सभे के बता रहल बानी सs। ई डील अमेजन पs मिल रहल बा।

1,039

IPL 2023 सुरू हो चुकल बा। एह दौरान घर पs टीवी होखल बहुते जरूरी होला। कइयन लोगन के IPL के एतना चस्का बा कि ऊ घर आवतही टीवी के सामने बइठ जाला लो मैच देखे। जदि रउओ एमे से एगो बानी आ रउओ बड़ स्क्रीन के टीवी पs मैच देखल चाहते बानी तs ई आर्टिकल रउआ खातिर बा। जदि रउआ एगो बड़ टीवी सस्ता में किनल चाहत बानी तs Redmi के 43 इंच के एंड्रॉइड टीवी 40 फीसद के फ्लैट डिस्काउंट के संगे किनल जा सकत बा। चलीं जानल एह टीवी पs मिल रहल ऑफर्स के बारे में।

Redmi 108 cm (43 inches) 4K Ultra HD Android Smart LED TV के कीमत आ ऑफर्स: अइसे तs एह टीवी के वास्तविक कीमत 42,999 रुपिया बा बाकिर एकरा के 40 फीसद डिस्काउंट के संगे 25,999 रुपिया में किनल जा सकी। जदि रउआ ई कीमत जादे लागत बा तs रउआ EMI पs टीवी के किन सकत बानी। एकरा खातिर हर महीना 1,242 रुपिया देवे के होई। एकरा संगही 2,500 रुपिया तक के एक्सचेंज ऑफरो दिहल जाई। पूरा एक्सचेंज ऑफर के बाद 23,499 रुपिया टीवी के कीमत रह जाला।

बैंक ऑफर्स के बात करी तs HDFC बैंक क्रेडिट आ डेबिट कार्ड से पेमेंट कइला पs 10 फीसद के ऑफ दिहल जाई ओहिजा, HSBC क्रेडिट कार्ड से पेमेंट कइला पs 7.5 फीसद के इंस्टैंट डिस्काउंट दिहल जाई। ओहिजा, Yes बैंक के क्रेडिट कार्ड से पेमेंट कइला पs 7.5 फीसद के इंस्टैंट डिस्काउंट दिहल जाई।

का बा टीवी के खासियत: एह टीवी में 4K Ultra HD (3840×2160) डिस्प्ले दिहल गइल बा। एकर डिस्प्ले साइज 43 इंच बा। एकर रिफ्रेश रेट 60 हर्ट्ज बा। एमे ड्यूल बैंड वाई-फाई बा। एमे ब्लूटूथ 5.0 दिहल गइल बा। एकरा में 30 वॉट आउटपुट दिहल गइल बा। एमे एंड्रॉइड टीवी 10 दिहल गइल बा। एकरा में बिल्ट-इन क्रोमकास्ट दिहल गइल बा। संगही 2 जीबी रैम आ 16 जीबी स्टोरेज दिहल गइल बा। ई Prime Video, Netflix, Disney + Hotstar, YouTube, Apple TV के सपोर्ट करेला। एकरा संगही 1 साल के वारंटी दिहल जा रहल बा।

510850cookie-checkएकरा से सस्ता ना मिली 43 इंच के स्मार्ट टीवी, आधा कीमत पs पहुंची घरे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.