Aloo Recipe: स्टफ्ड आलू बढ़ा देई डिनर के ज़ायका, इs हs आसान रेसिपी

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 5, 2024

    अगर रउआ लंच भा डिनर में कुछ खास खाए के बा तs स्टफ्ड आलू एगो बढ़िया फूड डिश हो सकेला। भरवां बैंगन अक्सर घर में बनावल जाला, बाकी स्टफ्ड आलू बहुत कम बनावल

Share

 

 

अगर रउआ लंच भा डिनर में कुछ खास खाए के बा तs स्टफ्ड आलू एगो बढ़िया फूड डिश हो सकेला। भरवां बैंगन अक्सर घर में बनावल जाला, बाकी स्टफ्ड आलू बहुत कम बनावल जाला, हालाँकि एकर स्वाद काफी खास होला। अगर रउरा घर में कवनो मेहमान आवेला भा रउरा कुछ स्वादिष्ट खाए के मन करेला तs रउरा स्टफ्ड आलू के रेसिपी एक बेर जरूर आजमा सकेनी. एह रेसिपी के बनावल बहुत मुश्किल ना होला स्टफ्ड आलू बनावे खातिर आलू के अलावा पनीर, चना के आटा आ अउरी मसाला के भी इस्तेमाल कइल जाला। अगर रउवा अबे ले घर में इs रेसिपी नईखी बनवले या पहिला बेर एकरा के आजमावे के चाहत बानी तs हमनी के दिहल तरीका आपके बहुत उपयोगी हो सकता।

सामाग्री

*04 बड़ आकार के आलू 02 बड़ चम्मच तेल (तले खातीर)

*03 छोटा चम्मच अदरक-लहसुन पेस्ट 01 कप दही (फेंटल)

* 1/2 छोटा चम्मच काला नमक 01 छोट चम्मच गरम

मसाला

*पाउडर आवश्यकतानुसार लाल मिरचा पाउडर

*03 बड़ा चम्मच रोस्टेड चना दाल के पाउडर 03 बड़ा

चम्मच धनिया पत्तई (कटल)

*02 बड़ा चम्मच सरसों तेल 1/2 कप कॉटेज चीज

(कद्‌दूकस कइल) 02 छोटा चम्मच चाट मसाला

*02 हरीयर मरिचा (कटल)

*02 उड़द दाल पापड़ (तलल आ क्रस्ड कइल)

स्वादानुसार नमक

स्टफ्ड आलू बनावे के विधि

आलू के छील के स्कूप के मदद से बीच के हिस्सा निकाल के निकालल हिस्सा के बारीक काट लीं। कड़ाही में तेल गरम कs के आलू के तब ले भूनी जब ले कि उs सुनहरा ना हो जाए। अब एगो अलग पैन में तेल गरम कs के अदरक-लहसुन के पेस्ट, बारीक कटल आलू अवुरी नमक डाल के 5-6 मिनट ले पकाईं। मैरिनेट करे खातिर दही के अलग बर्तन में ले लीं। नमक, काला नमक, गरम मसाला, मिर्च पाउडर, भुनाइल चना दाल पाउडर, अदरक-लहसुन के पेस्ट, धनिया के पत्ता आ सरसों के तेल डाल के बढ़िया से मिला लीं। अब स्टफिंग तैयार करे खातिर कॉटेज चीज़, नमक, चाट मसाला, धनिया के पत्ता, हरियर मिर्च, भुनाइल आलू आ क्रस्ड पापड़ के एक संगे मैश करीं। तैयार सामग्री के आलू में दबा के भर के दही के मिश्रण में करीब आधा घंटा तक मैरीनेट होखे दी। अब मैरीनेट कइल आलू के बेकिंग ट्रे में रख के ओवन में 180 सेल्सियस पs 15-20 मिनट ले बेक करीं। राउर स्टफ्ड आलू तइयार हो गइल बा.

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.