लखनऊ : विधानमंडल के संयुक्त बैठक के आज संबोधित करिहें राष्ट्रपति, राज्यपाल, सीएम, दुनो सदन के अध्यक्ष आ नेता प्रतिपक्ष रहिहें मवजूद

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 6, 2022

राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद 6 जून के सबेरे 11 बजे आजादी के अमृत महोत्सव वर्ष के अवसर पs उत्तर प्रदेश राज्य विधानमंडल के संयुक्त बैठक के संबोधित करिहें। राष्ट्रपति अतवार के सांझ के राजभवन पहुंच गइले।

Share

जारी कार्यक्रम के मोताबिक, राष्ट्रपति सोमार के सबेरे 10:50 बजे विधानसभा पहुंचिहें। एह संयुक्त बैठक में राज्यपाल आनंदीबेन पटेल, उत्तर प्रदेश विधान परिषद के सभापति कुंवर मानवेंद्र सिंह, विधान सभा के अध्यक्ष सतीश महाना, मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ,  विधान परिषद के नेता प्रतिपक्ष लाल बिहारी यादव, विधान सभा के नेता प्रतिपक्ष अखिलेश यादव समेत सब सदस्य शामिल होई लो।

विधानसभा अध्यक्ष सतीश महाना बतवले कि दुनो सदनन के सर्वसम्मति से ई आयोजन हो रहल बा। राष्ट्रपति के संबोधन उत्तर प्रदेश के 18वीं विधानसभा के गरिमा के बढ़ावे में महत्वपूर्ण भूमिका के निर्वहन करी। विधानमंडल के सदस्यन खातिर प्रेरणादायी होखला के संगे-संगे ओह लो के मार्गदर्शन आ ज्ञानवर्धन करी। ऊ कहले कि ई विधानमंडल खातिर ऐतिहासिक आ गौरवशाली अवसर होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.