Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लखनऊ : विधानमंडल के संयुक्त बैठक के आज संबोधित करिहें राष्ट्रपति, राज्यपाल, सीएम, दुनो सदन के अध्यक्ष आ नेता प्रतिपक्ष रहिहें मवजूद

260

जारी कार्यक्रम के मोताबिक, राष्ट्रपति सोमार के सबेरे 10:50 बजे विधानसभा पहुंचिहें। एह संयुक्त बैठक में राज्यपाल आनंदीबेन पटेल, उत्तर प्रदेश विधान परिषद के सभापति कुंवर मानवेंद्र सिंह, विधान सभा के अध्यक्ष सतीश महाना, मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ,  विधान परिषद के नेता प्रतिपक्ष लाल बिहारी यादव, विधान सभा के नेता प्रतिपक्ष अखिलेश यादव समेत सब सदस्य शामिल होई लो।

विधानसभा अध्यक्ष सतीश महाना बतवले कि दुनो सदनन के सर्वसम्मति से ई आयोजन हो रहल बा। राष्ट्रपति के संबोधन उत्तर प्रदेश के 18वीं विधानसभा के गरिमा के बढ़ावे में महत्वपूर्ण भूमिका के निर्वहन करी। विधानमंडल के सदस्यन खातिर प्रेरणादायी होखला के संगे-संगे ओह लो के मार्गदर्शन आ ज्ञानवर्धन करी। ऊ कहले कि ई विधानमंडल खातिर ऐतिहासिक आ गौरवशाली अवसर होई।

268820cookie-checkलखनऊ : विधानमंडल के संयुक्त बैठक के आज संबोधित करिहें राष्ट्रपति, राज्यपाल, सीएम, दुनो सदन के अध्यक्ष आ नेता प्रतिपक्ष रहिहें मवजूद

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.