Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

108MP कैमरा के संगे 4 अप्रिल के लॉन्च होई OnePlus के नया किफायती स्मार्टफोन, कीमत भइल लीक

1,647

OnePlus: नया OnePlus Nord CE 3 Lite में परफॉरमेंस खातिर स्नैपड्रैगन 695 5G प्रोसेसर मिली जवन एगो निमन प्रोसेसर मानल जाला। ई फोन एंड्रॉयड 13 आधारित OxygenOS 13.1 पs काम करी। एकरा अलावे बेहतर गेमिंग खातिर फोन में GPA फ्रेम स्टेबलाइजर मिली।

नया OnePlus Nord CE 3 Lite स्मार्टफोन के लेकर लेटेस्ट जानकारी सोझा आइल बा। एह फोन के कंपनी भारत में 4 अप्रिल के दिन लॉन्च करे जा रहल बिया। एह फोन से जुड़ेल कइयन गो अहम् फीचर्स लीक हो गइल बा। एह नया फोन के डिजाइन के खुलासा हाले में भइल बा आ कंपनी खुद ट्वीट कs के बतवले बिया। नया Nord CE 3 Lite के लेके एहो आउर बड़ जानकारी सामने आइल बा जेमे पता चलल बा कि एह फोन में 6.72 इंच के डिस्प्ले मिली। जवना के रिफ्रेश रेट 120Hz होई। एह फोन के माध्यम से कंपनी मिड रेंज स्मार्टफोन सेगमेंट में कइयन गो स्मार्टफोन के बहुते टक्कर दे सकत बिया। फोन में क्विक गेम आ गेम फोकस मोड मिली जवन कि अनचाहा नोटिफिकेशन के ब्लॉक करी आ ई फीचर यूजर्स के पसंद आई।

प्रोसेसर:

नया OnePlus Nord CE 3 Lite में परफॉरमेंस खातिर स्नैपड्रैगन 695 5G प्रोसेसर मिली जवन एगो अच्छा प्रोसेसर मानल जाला। ई फोन एंड्रॉयड 13 आधारित OxygenOS 13.1 पs काम करी। एकरा अलावे बेहतर गेमिंग खातिर फोन में GPA फ्रेम स्टेबलाइजर मिली। एह नया फोन के माइक्रोसाइट लाइव हो गइल बा जवना के मोताबिक एह फोन में 108 मेगापिक्सल के प्राइमरी कैमरा मिली। जवना के संगे 3x लॉसलेस जूम मिली। फोन के रियर पैनल पs ट्रिपल कैमरा सेटअप मिली।

दमदार बैटरी:

पावर खातिर नया OnePlus Nord CE 3 Lite 5G के 5000mAh के बैटरी के संगे लॉन्च कइल जाई जवना के संगे 67W SUPERVOOC फास्ट चार्जिंग मिली। फोन के पास्टल लाइम आ क्रोमैटिक ग्रे कलर में पेश कइल जाई। OnePlus Nord CE 3 Lite 5G के सुरुआती कीमत 21,999 रुपिया हो सकत बा। OnePlus Nord CE 3 Lite 5G के 8 जीबी रैम आ 128 जीबी स्टोरेज वेरियंट में पेश कइल जाई। अब देखे के होई कि कैमरा आ परफॉरमेंस के ममिला में ई फोन केतना बेहतर साबित होई।

499990cookie-check108MP कैमरा के संगे 4 अप्रिल के लॉन्च होई OnePlus के नया किफायती स्मार्टफोन, कीमत भइल लीक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.