Gorakhpur News : ‘राष्ट्र निर्माण में राष्ट्रीय सेवा योजना के बा बड़ भूमिका बा’ – डॉ. सत्यपाल सिंह

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 21, 2026

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में सनिचर के राष्ट्रीय सेवा योजना (NSS) के सात दिन के विशेष शिविर के समापन समारोह आयोजित भइल। कार्यक्रम के सुरुआत दीप प्रज्वलन आ सरस्वती वंदना से भइल। महाविद्यालय के

Share

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में सनिचर के राष्ट्रीय सेवा योजना (NSS) के सात दिन के विशेष शिविर के समापन समारोह आयोजित भइल। कार्यक्रम के सुरुआत दीप प्रज्वलन आ सरस्वती वंदना से भइल। महाविद्यालय के प्राचार्य प्रो. शैल पांडे अतिथियन के स्वागत कइली।

पिछिला सात दिन में भइल गतिविधियन के रिपोर्ट कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता पेश कइली। विशिष्ट अतिथि प्रो. सुनीता तिवारी विद्यार्थियन से कहली कि हर केहू के अपना जिनगी में एगो लक्ष्य जरूर तय करे के चाहीं।

कार्यक्रम में मुख्य अतिथि के रूप में दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के NSS समन्वयक डॉ. सत्यपाल सिंह विद्यार्थियन के संबोधित करत कहलें कि राष्ट्रीय सेवा योजना के राष्ट्र निर्माण में बहुते महत्वपूर्ण भूमिका बा। एह दौरान स्वयंसेवक लोग देसभक्ति गीत गावल आ सामाजिक जागरूकता पs आधारित नाटक पेश कइल।

समापन समारोह में सर्वश्रेष्ठ स्वयंसेवक खातिर सुमेर, श्रेष्ठ फोटोग्राफर खातिर विनय आ श्रेष्ठ वीडियोग्राफर खातिर विवेक के पुरस्कार आ प्रमाण पत्र दिहल गइल। एही के संगे पोस्टर, राखी आ रंगोली प्रतियोगिता में श्रद्धा, मरियम, फिरदौस, सृष्टि, आस्था सहित कइयन गो विद्यार्थियन के सम्मानित कइल गइल।

कार्यक्रम के संचालन डॉ. शत्रुघ्न सिंह कइलें आ धन्यवाद ज्ञापन प्रतिभा गुप्ता कइली। एह मवका पs महाविद्यालय के पुरातन छात्रा रूबी श्रीवास्तव, डॉ. संजय पाण्डेय, डॉ. राजेश राय सहित कइयन शिक्षक आ रितिका, अनमोल, आदर्श, विनय, जाह्नवी, अनूप, विवेक, विश्वास, आकाश, रिद्धिमा, वैष्णवी, आयुष सहित कइयन गो स्वयंसेवक मवजूद रहल लो।

Read Also: India Tour of Ireland : जून में आयरलैंड के दौरा करी भारतीय टीम, BCCI जारी कइलस पूरा शेड्यूल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.