Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में आज से लोकसभा चुनाव के नामांकन सुरू: प्रत्याशी के संगे खाली एगो प्रस्तावक भीतरी जा सकी, चप्पा-चप्पा पs रही फोर्स

284

लोकसभा चुनाव खातिर गोरखपुर में आज माने कि सात मई से नामांकन सुरू हो जाई। एकरा के लेके जिला प्रशासन आ पुलिस सब तइयारी पूरा कs लेले बा। नामांकन स्थल के चप्पा-चप्पा पs फोर्स तैनात रही। पुलिसकर्मियन के ड्यूटी लगा दिहल गइल बा। ताकि, कवनो तरे के अराजकता ना हो सके। ओहिजा, अबकी बेर नामांकन खातिर प्रत्याशी के संगे खाली एगो प्रस्तावक भीतर जा सकी।

प्रत्याशियन के वाहन कलक्ट्रेट में बनल बैरिकेडिंग से 100 मीटर दूर पार्क होई। जिला में आज पर्यवेक्षक आ जाई लो। नामांकन कइला के बाद प्रत्याशियन के चुनाव प्रचार आ खर्चा के निगरानी सुरू कs दिहल जाई। ओहिजा, गोरखपुर में लोकसभा चुनाव के आखिरी आ सातवां चरण में एक जून के मतदान होई। जबकि, मतगणना चार जून के होई।

सबेरे 11 से दुपहरिया तीन बजे तक होई नामांकन

एकरा पहिले सोमार के कलेक्ट्रेट में पूरा दिन बैरिकेडिंग के काम चलल। नामांकन खातिर प्रत्याशी आ ओकर प्रस्तावक टाउन हाल के ओर से गेट नंबर एक से जाई लो। नामांकन के काम सबेरे 11 बजे से दुपहरिया तीन बजे तक चली। नामांकन कइला के बाद एही गेट से बाहर निकले के होई।

24 घंटे गाड़ियन के जांच होई 

समर्थकन के प्रवेश प्रतिबंधित कs दिहल गइल बा। सब गेट आ नामांकन कक्ष के आसपास भारी मात्रा में फोर्स तैनात कइल जाई। नामांकन खातिर ADM वित्त आ CRO कोर्ट के तइयार कs दिहल गइल बा। एकरा अलावे मंगलर से जिला के सीमा आ शहर में 24 घंटा गाड़ियन के जांच सुरू हो जाई। सोशल मीडिया पs खास निगरानी रखल जाई। एकरा खातिर एगो टीम बनावल गइल बा।

पुलिस, LIU के अलावे PAC तैनात

SSP डॉ. गौरव ग्रोवर बतवलें, मंगर से जिला में नामांकन के प्रक्रिया सुरू हो जाई। सुरक्षा के देखत पुलिसकर्मियन के ड्यूटी लगा दिहल गइल बा। SP रैंक के अधिकारी एकर मानीटरिंग करी लो। पुलिस आ LIU के अलावे PAC तैनात कइल जा रहल बा। ताकि, नामांकन के प्रक्रिया के सकुशल संपन्न करावल जा सके।

एतना फोर्स रही तैनात

ASP- 3
CO- 7
इंस्पेक्टर- 9
सब इंस्पेक्टर- 57
हेड कॉन्स्टेबल- 2
कॉन्स्टेबल- 17
PAC- एक बटालियन

816620cookie-checkगोरखपुर में आज से लोकसभा चुनाव के नामांकन सुरू: प्रत्याशी के संगे खाली एगो प्रस्तावक भीतरी जा सकी, चप्पा-चप्पा पs रही फोर्स

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.