Nepal : बड़ विमान हादसा टलल, लैंडिंग के बेरा फ्लाइट के टायर में लागल आग, बाल-बाल बचलें यात्री

By Anurag Ranjan

Published on: May 11, 2026

सेंट्रल डेस्क। नेपाल के राजधानी काठमांडू में एगो बड़ विमान हादसा होत-होत बच गइल। त्रिभुवन अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा पs उतरत बेरा एगो अंतरराष्ट्रीय विमान बड़ खतरा में पड़ गइल रहे। हवाई अड्डा प्रशासन आ सुरक्षा

Share

सेंट्रल डेस्क। नेपाल के राजधानी काठमांडू में एगो बड़ विमान हादसा होत-होत बच गइल। त्रिभुवन अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा पs उतरत बेरा एगो अंतरराष्ट्रीय विमान बड़ खतरा में पड़ गइल रहे। हवाई अड्डा प्रशासन आ सुरक्षा कर्मियन के सूझबूझ से समय रहते एगो बड़ हादसा टाल दिहल गइल।

ई घटना टर्किश एयरलाइंस के विमान TK 726 संगे भइल। ई विमान तुर्की के इस्तांबुल शहर से उड़ान भरके काठमांडू पहुंचल रहे। जइसही विमान रनवे पs लैंड कइलस, ओकरा टायर से आग के लपट निकलल सुरू हो गइल। टायर में आग लागे के खबर मिलते हवाई अड्डा पs आपातकालीन सेवा तुरंत सक्रिय हो गइल।

हवाई अड्डा सुरक्षा के एसपी राजकुमार सिलावाल जानकारी देलें कि दमकल गाड़ी फौरन मवका पs पहुंचके आग पs काबू पा लेलस। विमान में कुल 278 यात्री आ चालक दल के 11 सदस्य सवार रहे लाेग। सुरक्षा कर्मी बिना देरी कइले सब यात्रियन के सुरक्षित बाहर निकाल लिहल लोग।

सबसे खास बात ई रहे कि एह विमान में संयुक्त राष्ट्र के कुछ वरिष्ठ अधिकारियो सफर करत रहे लाेग। पुलिस आ हवाई अड्डा अधिकारी पुष्टि कइल लोग कि सब यात्री आ कर्मचारी पूरा तरे सुरक्षित बा लोग। समय पs भइल कार्रवाई से सइयन लोगन के जान बच गइल आ इस्थिति पs जल्दिये नियंत्रण पा लिहल गइल।

Read Also: 11 मई 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.