NEET PG Result 2026 : करीब 2.66 लाख अभ्यर्थियन के इंतजार खतम, तय समय से पहिले आइल नतीजा, अइसे करीं चेक

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 24, 2026

एजुकेशन डेस्क। राष्ट्रीय आयुर्विज्ञान परीक्षा बोर्ड (एनबीईएमएस) नीट पीजी 2026 के रिजल्ट जारी कs देले बा। अभ्यर्थी अपना मिलल अंक आ नीट-पीजी 2026 के रैंक रिजल्ट में देख सकत बा लो। ई परीक्षा एमडी, एमएस,

Share

NEET PG 2026 Result

एजुकेशन डेस्क। राष्ट्रीय आयुर्विज्ञान परीक्षा बोर्ड (एनबीईएमएस) नीट पीजी 2026 के रिजल्ट जारी कs देले बा। अभ्यर्थी अपना मिलल अंक आ नीट-पीजी 2026 के रैंक रिजल्ट में देख सकत बा लो। ई परीक्षा एमडी, एमएस, डीएनबी, डीआरएनबी आ पीजी मेडिकल डिप्लोमा कोर्स में दाखिला खातिर आयोजित भइल रहे।

नीट पीजी 2026 के मुख्य परीक्षा 30 अगस्त 2026 के आयोजित भइल रहे। एह परीक्षा में कुल 2,63,544 अभ्यर्थी सामिल भइल रहे लो। एह बीच जयपुर के आईओएन डिजिटल जोन आईडीजेड सीतापुरा-1 आ 2 परीक्षा केंद्र पs प्रभावित अभ्यर्थियन खातिर 5 सितंबर 2026 के दोबारा परीक्षा करावल गइल। एह परीक्षा में 2,416 अभ्यर्थी सामिल भइल रहे लो।

नीट-पीजी 2026 में कतना रहल कटऑफ?

अलग-अलग श्रेणी खातिर न्यूनतम योग्यता पर्सेंटाइल आ कटऑफ अंक अलग-अलग तय कइल गइल बा।

श्रेणीन्यूनतम योग्यता प्रतिशतककटऑफ अंक
सामान्य/ईडब्ल्यूएस50वां पर्सेंटाइल262
सामान्य दिव्यांग45वां पर्सेंटाइल244
एससी/एसटी/ओबीसी, एहमें दिव्यांग सामिल40वां पर्सेंटाइल226

मतलब कि सामान्य आ ईडब्ल्यूएस श्रेणी खातिर न्यूनतम योग्यता 50वां पर्सेंटाइल आ 262 अंक बा। सामान्य दिव्यांग श्रेणी खातिर 45वां पर्सेंटाइल आ 244 अंक बा। ओहिजा एससी/एसटी/ओबीसी आ एह वर्ग के दिव्यांग अभ्यर्थियन खातिर 40वां पर्सेंटाइल आ 226 अंक कटऑफ तय भइल बा।

रिजल्ट में का-का जानकारी दिहल गइल बा?

एनबीईएमएस के ओर से जारी रिजल्ट में अभ्यर्थियन के मिलल अंक आ नीट पीजी 2026 के रैंक दिहल गइल बा। अभ्यर्थी रिजल्ट देखला के बाद अपना रैंक आ प्राप्त अंक के जांच कs सकत बा लो। आगे के दाखिला प्रक्रिया खातिर रिजल्ट के सुरक्षित रखल जरूरी होई।

कब आई नीट पीजी के आंसर-की?

रिजल्ट नोटिस में बतावल गइल बा कि नीट पीजी 2026 के उत्तर कुंजी 1 अक्टूबर 2026 के वेबसाइट पs अपलोड कइल जाई। अभ्यर्थी अपना लॉगिन डैशबोर्ड के माध्यम से हर सवाल खातिर प्रश्न आईडी नंबर, सही उत्तर कुंजी आईडी, चिन्हित प्रतिक्रिया आईडी आ मूल्यांकन के योजना के हिसाब से मिलल स्कोर देख सकी लो।

एकरा संगही बोर्ड बतवले बा कि परीक्षा में सामिल अभ्यर्थियन के व्यक्तिगत स्कोरकार्ड 1 अक्टूबर 2026 से उपलब्ध करा दिहल जाई। अभ्यर्थी एनबीईएमएस के आधिकारिक वेबसाइट natboard.edu.in के माध्यम से एकरा के डाउनलोड कs सकी लो।

तय समय से कतना पहिले आइल रिजल्ट?

सूचना बुलेटिन के मोताबिक नीट पीजी 2026 के रिजल्ट संभावित रूप से 30 सितंबर 2026 के जारी होखे वाला रहे। अभ्यर्थी रिजल्ट आ उत्तर कुंजी के इंतजार में रहे लो। अइसन में एनबीईएमएस निर्धारित तारीख से पहिलही 24 सितंबर के नतीजा जारी कs देलस। हालांकि, उत्तर कुंजी 1 अक्टूबर से उपलब्ध करावल जाई।

नीट पीजी रिजल्ट के बाद अब का होई?

रिजल्ट जारी भइला के बाद दाखिला के आगे के प्रक्रिया सुरू होई। राज्य कोटा के सीट खातिर अंतिम मेरिट लिस्ट संबंधित राज्य आ केंद्र शासित प्रदेश अपना नियम के हिसाब से तइयार करी। ई मेरिट लिस्ट संबंधित राज्य आ केंद्र शासित प्रदेश के योग्यता आ पात्रता के शर्त, लागू दिशा-निरदेस, नियम आ आरक्षण नीति के आधार पs तइयार कइल जाई।

नीट पीजी के रिजल्ट अइसे करीं डाउनलोड

अभ्यर्थी नीट पीजी 2026 के रिजल्ट एनबीईएमएस के आधिकारिक वेबसाइट पs देख सकत बा लो। रिजल्ट में प्राप्त अंक आ रैंक के जानकारी मिल जाई।

एनबीईएमएस के आधिकारिक वेबसाइट पs नीट-पीजी खातिर अलग पेजो उपलब्ध बा। उहवां परीक्षा से जुड़ल सूचना, आवेदन आ रिजल्ट से संबंधित जानकारी मिल सकेला।

Read Also: 2007 T20 World Cup : आजे के दिन भारत फाइनल में पाकिस्तान के हराके बनल रहे विश्व विजेता, जानीं ओह मैच के रोमांच

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.