अरविंद केजरीवाल के गिरफ्तारी के खिलाफ देशव्यापी अनशन, 7 अप्रैल के जंतर मंतर पs जुटीहें AAP नेता लो

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 3, 2024

  दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के गिरफ्तारी के खिलाफ आम आदमी पार्टी के नेता देश भर में अनशन करीहे। दिल्ली सरकार के मंत्री अवुरी पार्टी के वरिष्ठ नेता गोपाल राय बुध के कहले कि

Share

 

दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के गिरफ्तारी के खिलाफ आम आदमी पार्टी के नेता देश भर में अनशन करीहे। दिल्ली सरकार के मंत्री अवुरी पार्टी के वरिष्ठ नेता गोपाल राय बुध के कहले कि दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के गिरफ्तारी के विरोध में पार्टी के नेता 7 अप्रैल के जंतर मंतर पs अनशन करीहे।

सामूहिक अनशन 

पार्टी के राष्ट्रीय संयोजक के गिरफ्तारी के खिलाफ देशव्यापी उपवास करे के आह्वान कईले। उ कहले कि, जदी आप दिल्ली के मुख्यमंत्री के गिरफ्तारी के खिलाफ बानी तs गिरफ्तारी के खिलाफ 7 अप्रैल के अनशन कs सकतानी। रउरा कहीं भी, घर में, अपना शहर में सामूहिक अनशन कs सकेनी।”

गोपाल राय कहले कि पार्टी के शीर्ष नेतृत्व के “आप के तबाह करे के मकसद से” गिरफ्तार कईल गईल बा।उ कहले कि, “दिल्ली सरकार के मंत्री, आप’ सांसद, विधायक, पार्षद अवुरी अधिकारी के 7 अप्रैल के जंतर मंतर पs अनशन करी। ई एगो खुला कार्यक्रम होई अवुरी छात्र संगठन, किसान संगठन, व्यापारी आके एकरा में भाग ले सकतारे।”

केजरीवाल 15 अप्रैल ले न्यायिक हिरासत में बाड़े

केजरीवाल के पिछला महीना आबकारी नीति से जुड़ल मनी लांड्रिंग के मामिला में प्रवर्तन निदेशालय गिरफ्तार कईले रहे। उनुका के 15 अप्रैल ले न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गईल बा।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.