MPU News : कौशल विकास से करिअर के राह होई आसान

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 23, 2026

बलरामपुर। मां पाटेश्वरी विश्वविद्यालय में चल रहल ‘सेवा संकल्प अभियान’ के तहत मंगर के अकादमिक ब्लॉक के एलटी-3 में ‘करिअर काउंसलिंग-विकसित भारत 2047’ विषय पs एगो खास सत्र के आयोजन भइल। एह सत्र में विद्यार्थियन

Share

MPU Skill Development Career Counselling Session

बलरामपुर। मां पाटेश्वरी विश्वविद्यालय में चल रहल ‘सेवा संकल्प अभियान’ के तहत मंगर के अकादमिक ब्लॉक के एलटी-3 में ‘करिअर काउंसलिंग-विकसित भारत 2047’ विषय पs एगो खास सत्र के आयोजन भइल। एह सत्र में विद्यार्थियन के करिअर के संभावना, रोजगार के बदलत स्वरूप आ जरूरी कौशल के बारे में उपयोगी जानकारी दिहल गइल।

कुलपति प्रो. रवि शंकर सिंह के मार्गदर्शन में आयोजित एह सत्र में विद्यार्थियन के जॉब स्टडी, रिज्यूमे बनावे, आईडीएसए (IDSA) आ कम्युनिकेशन स्किल्स सहित कइयन गो विषयन के जानकारी दिहल गइल। विशेषज्ञन के कहनाम रहे कि आज के प्रतिस्पर्धा के दौर में खाली शैक्षणिक योग्यता बहुत नइखे। विद्यार्थियन के संचार कौशल, प्रस्तुतीकरण क्षमता आ बेवहारिक दक्षता के विकास पs धेयान देवे के जरूरत बा।

करिअर के मवका के बारे में दिहल गइल जानकारी

विश्वविद्यालय के करिअर काउंसलिंग कमेटी के सदस्य आ शिक्षक लोग विद्यार्थियन के रोजगार के अवसर आ करिअर निर्माण से जुड़ल अलग-अलग पहलुअन पs मार्गदर्शन दिहल। कमेटी में सोनल पाण्डेय, आकृति विज्ञा, डॉ. प्रेरणा त्रिपाठी, डॉ. वरुण कुमार सिंह आ रोहित साहू सामिल बा लो।

कार्यक्रम में बड़ संख्या में छात्र-छात्रा सामिल भइल लो। विद्यार्थी लोग करिअर से जुड़ल अलग-अलग सवाल पूछल आ विशेषज्ञन से जरूरी जानकारी लिहल।

विश्वविद्यालय प्रशासन के मोताबिक, ‘सेवा संकल्प अभियान’ के तहत विद्यार्थियन के कौशलयुक्त, रोजगारपरक आ आत्मनिर्भर बनावे के उद्देश्य से आगहूं अलग-अलग प्रशिक्षण, मार्गदर्शन आ काउंसलिंग कार्यक्रम आयोजित कइल जाई।

Read Also: 23 सितंबर 2026 के राशिफल

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.