अतवार के ना भइल ईद के चांद के दीदार, आज आखिरी रोजा, बिहान समूचा देश में मनावल जाई ईद

By Anurag Ranjan

Published on: May 2, 2022

दिल्ली समेत देश के कवनो हिस्सा में अतवार के ईद के चांद नजर ना आइल, एहिसे ईद-उल-फित्र के त्योहार मंगर के मनावल जाई आ सोमार के 30वां आ आखिरी रोजा होई। फतेहपुरी मस्जिद के शाही

Share

दिल्ली समेत देश के कवनो हिस्सा में अतवार के ईद के चांद नजर ना आइल, एहिसे ईद-उल-फित्र के त्योहार मंगर के मनावल जाई आ सोमार के 30वां आ आखिरी रोजा होई। फतेहपुरी मस्जिद के शाही इमाम मौलाना मुफ्ती मुकर्रम अहमद ‘पीटीआई-भाषा’ के बतवले कि दिल्ली समेत देश के कई हिस्सन में ईद के चांद नजर नइखे आइल, एहिसे ईद के त्योहार मंगर के तीन मई के मनावल जाई।

उहाँ के कहनी, “उत्तर प्रदेश, बंगाल, मध्य प्रदेश, उत्तर प्रदेश, महाराष्ट्र, गुजरात आ राजस्थान समेत कवनो राज्य से चांद लउके के खबर नइखे मिलल। उहाँ के कहनी कि सोमार के 30वां रोजा होई आ शव्वाल (इस्लामी कैलेंडर के 10वां महीना) के पहिला तारीख मंगर के होई। शव्वाल के महीना के पहिला दिने ईद होला।

‘देश के कवनो हिस्सा से चांद लउकला के खबर नइखे’
ओहिजा, जामा मस्जिद के शाही इमाम सैयद अहमद बुखारी एगो बयान में कहनी कि देश के कवनो हिस्सा  से शव्वाल माने ईद-उल-फित्र के चांद लउके के कवनो खबर नइखे आइल।  बुखारी कहले, “ईद तीन मई मंगर के दिने होई।” ओने, मुस्लिम संगठन इमारत-ए-शरिया हिंद एलान कइले बा कि अतवार के देश के कवनो हिस्सा में मीठी ईद के चांद नजर नइखे आइल। लिहाजन  मंगर के दिल्ली आ देश के आउर हिस्सन  में ईद के त्योहार मनावल जाई।

‘ईद तीन मई के मनावल जाई ’
संगठन एगो बयान में कहलस, “उत्तर प्रदेश के लखनऊ, कानपुर, आज़मगढ़ आ सीतापुर, बहराइच, मध्य प्रदेश के खरगोन, गुजरात के गोधरा, महाराष्ट्र के धुले, कर्नाटक के बेंगलुरु, बंगाल, असम, कश्मीर आ पंजाब आदि से संपर्क कइल गइल , बाकिर कहियो से चांद लउके के सूचना नइखे।” मुस्लिम धर्म गुरु रशीद फिरंगी महली घोषणा कइले कि शव्वाल के चांद नजर नइखे आइल एहिसे ईद तीन मई के मनावल जाई।

चांद के हिसाब से तय होला इस्लामी कैलेंडर
मुसलमान लो खातिर अभी इस्लामी कैलेंडर के नौवां महीना ‘रमज़ान’ चल रहल बा जवना में समुदाय के लोग रोजा (व्रत) रखेला। रमज़ान के महीना में रोज़ेदार भोरे  सूरज निकलला से पहिले से लेके सूरज डूबला  तक कुछओ खाइल-पियल ना करेला लो। ई महीना ईद के चांद नजर अइला के संगे खतम होला। बता दीं  कि इस्लामी कैलेंडर में महीना 29 भा 30 दिन के होला , जवन चांद के हिसाब से तय होला।

साभार: न्यूज़ 18

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.