अलर्ट: एह विंडोज के खातिर सिक्योरिटी अपडेट ना दी Microsoft, देखीं वर्जन के पूरा लिस्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 5, 2023

माइक्रोसॉफ्ट अपना कुछ विंडोज खातिर सिक्योरिटी आ टेक्निकल सपोर्ट बंद करे वाला बा। माइक्रोसॉफ्ट कहले बा कि ऊ 10 जनवरी 2023 से Windows 7 आ Windows 8.1 खातिर सिक्योरिटी अपडेट ना दी आ टेक्निकलो अपडेट

Share

माइक्रोसॉफ्ट अपना कुछ विंडोज खातिर सिक्योरिटी आ टेक्निकल सपोर्ट बंद करे वाला बा। माइक्रोसॉफ्ट कहले बा कि ऊ 10 जनवरी 2023 से Windows 7 आ Windows 8.1 खातिर सिक्योरिटी अपडेट ना दी आ टेक्निकलो अपडेट ना दी। Microsoft Edge 109 कंपनी के ओर से आखिरी ब्राउजर होई जवन एहु विंडोज में काम करी।

माइक्रोसॉफ्ट के एह डेग के बाद विंडोज 7 आ विंडोज 8.1 के नया सिक्योरिटी अपडेट ना मिलल आ ना टेक्निकल सपोर्ट मिली। डेवलपर खातिर WebView2 के सपोर्ट 10 जनवरी के बाद बंद हो जाई। एकरा मदद से डेवलपर अपना एप के अपडेट करेला।

गूगल पिछला साल अक्टूबर में कहले रहे कि Windows 7 आ Windows 8.1 खातिर ऊ गूगल क्रोम ब्राउजरो के सपोर्ट बंद कर रहल बा। विंडोज 7 आ विंडोज 8.1 में गूगल क्रोम के नया वर्जन 7 फरवरी के बाद सपोर्ट ना करी।

सिक्योरिटी अपडेट ना मिलला के कारण Windows 8.1 आ Windows 7 हैकर्स के निशाना पs रही आ बग आवे के आशंका हद से जादे रही। 2021 के अंत तक Windows 7 के यूजर्स के संख्या 100 मिलियन रहे। अइसन में एह सब यूजर्स के अपना विंडोज के अपडेट करे के होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.